श्रीगंगानगर। राजस्थान के श्रीगंगानगर जिला के सूरतगढ़ में अतवार के भोर में करीब साढ़े पांच बजे नेशनल हाईवे-62 (NH-62) पs भीषण सड़क हादसा हो गइल। जयपुर से इलाज करा के घर लवटत एगो महिला मरीज के ले जात प्राइवेट एंबुलेंस एगो ट्रक के ओवरटेक करे के कोसिस करत रहे, एह दौरान सामने से आवत भारतीय सेना (आर्मी) के ALS वाहन से ओकर जोरदार टक्कर हो गइल।
टक्कर एतना जबरदस्त रहे कि एंबुलेंस के परखच्चा उड़ गइल आ हाईवे पs अफरा-तफरी मच गइल। एह दर्दनाक हादसा में महिला मरीज समेत तीन लोग के घटनास्थले पs मौत हो गइल, जबकि दूगो लोग गंभीर रूप से घायल हो गइल बा।
जयपुर से इलाज करा के घर लवटल जात रहली महिला
ई हादसा सूरतगढ़ के केंचियां कस्बा के लगे भइल। एंबुलेंस में अंबिका सिटी, श्रीगंगानगर निवासी लक्ष्मी देवी (26), पति कृष्णलाल, जयपुर के अस्पताल से डिस्चार्ज होके घर लवटत रहली। एंबुलेंस में चालक सतनाम सिंह (26), पिता जसवंत सिंह आ महेंद्र कौर (56), पत्नी किशन सवार रहे लोग। हादसा में एह तीनो के मौत हो गइल। जबकि रामप्रकाश (32), पिता जसवंत सिंह आ राजवीर गंभीर रूप से घायल हो गइले। घायलन के तुरंत सूरतगढ़ के सरकारी अस्पताल में भरती करावल गइल बा।
घटना के जानकारी मिलतही सदर थाना पुलिस फौरन घटनास्थल पs पहुंच गइल। स्थानीय लोगन के मदद से राहत आ बचाव अभियान चलावल गइल। घायलन के अस्पताल भेजला के बाद पुलिस तीनो शव के पोस्टमार्टम खातिर मोर्चरी में रखवा देलस। पुलिस घटनास्थल के जांच करत बिया आ जरूरी कानूनी कार्रवाई सुरू कs देले बिया।
भारतीय सेना जतवलस दुख
भारतीय सेना एह दुखद हादसा पs गहिराह शोक जतवलस। सेना के ओर से जारी बयान में कहल गइल कि एह दुर्घटना में तीन नागरिकन के जान चल गइल। घायालन के तुरंत इलाज खातिर अस्पताल भेजल गइल। सेना मृतकन के परिवार के प्रति गहिर संवेदना व्यक्त कइलस आ कहलस कि घटना के जांच में नागरिक प्रशासन के पूरा सहजोग दिहल जाई।
कुछ देर खातिर हाईवे पs लागल जाम
हादसा के बाद एनएच-62 पs कुछ समय खातिर जाम के इस्थिति बन गइल। एह घटना से इलाका के लोगन में दुख आ आक्रोश देखे के मिलल। पुलिस पूरा ममिला के जांच में जुटल बिया आ हादसा के सही कारण पता लगावे के कोसिस कइल जा रहल बा।









