दिनांक- 06/07/2026
श्री गणेशाय नमः
आज के पंचांग
आषाढ़ कृष्ण पक्ष
तिथि– षष्ठी
दिन के 01 बजके 47 मिनट ले,
ओकरा बाद सप्तमी।
दिन- सोमार।
पूर्वभाद्रपदा नक्षत्र
दिन के 04 बजके 07 मिनट ले,
ओकरा बाद उत्तरभाद्रपदा नक्षत्र।
सौभाग्य जोग
दिन के 03 बजके 50 मिनट ले,
ओकरा बाद शोभन जोग।
वणिज करण।
काल्ह के पंचांग
दिनांक- 07/07/2026
आषाढ़ कृष्ण पक्ष
तिथि- सप्तमी
दिन के 01 बजके 25 मिनट ले।
दिन- मंगर।
उत्तरभाद्रपदा नक्षत्र
दिन के 04 बजके 24 मिनट ले।
शोभन जोग
दिन के 02 बजके 30 मिनट ले।
बव करण।

कामकाज में सफलता मिले के जोग बा। रुकल काम पूरा हो सकेला। परिवार में खुसी के माहौल रही। फिजूल खरचा से बचीं आ निवेश सोच-समझ के करीं।
आज धैर्य से काम लेला के जरूरत बा। ऑफिस में जिम्मेदारी बढ़ सकेला। संघतिया लोगन के सहजोग मिली। जतरा के जोग बन रहल बा। स्वास्थ्य पs ध्यान दीं।
आर्थिक इस्थिति मजबूत हो सकेला। नया योजना पs काम सुरू करे के सही समय बा। दाम्पत्य जिनगी सुखद रही। खानपान पs नियंत्रण रखीं।


भाग्य राउर साथ दी। अधूरा काम पूरा हो सकेला। आर्थिक लाभ के संभावना बा। विद्यार्थी लोग खातिर दिन बढ़िया रही। सेहत ठीक रही।












