गोरखपुर। पूर्वोत्तर रेलवे के मुख्यालय गोरखपुर के यात्रियन खातिर खुसखबरी बा। अब गोरखपुर से दिल्ली के सफर आउर आसान आ सुविधाजनक होखे वाला बा। 27 अगस्त 2026 से गोरखपुर आ दिल्ली के बीच पहिला साप्ताहिक अमृत भारत एक्सप्रेस के संचालन सुरू हो जाई।
रेलवे के मोताबिक, ई ट्रेन पहिले से चल रहल 05057/05058 गोरखपुर-दिल्ली-गोरखपुर स्पेशल ट्रेन के जगह संचालित होई। नया अमृत भारत एक्सप्रेस के ट्रेन नंबर 15095/15096 होई।
मुख्य जनसंपर्क अधिकारी सुमित कुमार के मोताबिक, 15095 गोरखपुर-दिल्ली अमृत भारत साप्ताहिक एक्सप्रेस 27 अगस्त से हर बियफे के गोरखपुर से चली। ट्रेन गोरखपुर जंक्शन से रात 10:45 बजे रवाना होई आ अगिला दिन दूपहरिया 12:50 बजे दिल्ली पहुंची।
वापसी में 15096 दिल्ली-गोरखपुर अमृत भारत एक्सप्रेस 28 अगस्त से हर सुक के दिल्ली से चली। दिल्ली से ट्रेन दुपहरिया दू बजे रवाना होई आ अगिला दिन सबेरे 6:30 बजे गोरखपुर पहुंची।
गोरखपुर-दिल्ली अमृत भारत एक्सप्रेस के रूट
गोरखपुर से दिल्ली जाये वाली अमृत भारत एक्सप्रेस कइयन गो गमुख स्टेशनन से होके गुजरी। ट्रेन के मार्ग में खलीलाबाद, बस्ती, गोंडा, बुढ़वल, सीतापुर, बरेली, मुरादाबाद आ गाजियाबाद स्टेशन सामिल बा।ओहिजा, दिल्ली से गोरखपुर आवे के दौरान ट्रेन एही प्रमुख स्टेशनन से होके चली।
ट्रेन में 22 कोच, जनरल-स्लीपर के सुविधा
गोरखपुर-दिल्ली अमृत भारत एक्सप्रेस में कुल 22 कोच लगावल जाई। एमे सामान्य द्वितीय श्रेणी के 11 कोच, शयनयान श्रेणी के 8 कोच आ पैंट्रीकार सहित आउर कोच सामिल होई। अमृत भारत ट्रेन खास तौर पs ओह यात्रियन खातिर उपयोगी होई जे कम खरचा में लमहर दूरी के आरामदायक सफर करे चाहत बा।
गोरखपुर से बांद्रा खातिर अमृत भारत ट्रेन के घोषणा
गोरखपुर से दिल्ली के बाद रेलवे बोर्ड गोरखपुर आ बांद्रा के बीच साप्ताहिक अमृत भारत ट्रेन चलावे के घोषणा कइले बा। एह ट्रेन के संचालन जल्दिये सुरू होखे के उम्मीद बा। एकरा से गोरखपुर से मुंबई क्षेत्र के यात्रा करे वाला यात्रियन के फायदा मिली।
पुश-पुल तकनीक से चली अमृत भारत ट्रेन
अमृत भारत एक्सप्रेस के खासियत बा कि एह ट्रेन के दूनो छोर पर इंजन लागल रहेला। ई ट्रेन पुश-पुल तकनीक पs चलेले। अमृत भारत नॉन-एसी एक्सप्रेस ट्रेन हs, जवना में जनरल आ स्लीपर क्लास के कोच होला।
ई ट्रेन आउर कइयन गो मेल आ एक्सप्रेस ट्रेन के मुकाबले तेज गति से चले खातिर डिजाइन कइल गइल बा। अमृत भारत ट्रेन के अधिकतम गति 130 किलोमीटर प्रति घंटा तक हो सकेला।
अमृत भारत ट्रेन में मिलेला आधुनिक सुविधा
अमृत भारत एक्सप्रेस में यात्रियन के बेहतर सुविधा खातिर कइयन गो आधुनिक इंतजाम कइल गइल बा। ट्रेन में मोबाइल चार्जिंग पोर्ट, एयर स्प्रिंग बॉडी, रेडियम फ्लोर स्ट्रिप्स, दिव्यांगजन अनुकूल प्रसाधन आ आधुनिक प्रकाश बेवस्था उपलब्ध बा।
सुरक्षा के लिहाज से ट्रेन में फायर डिटेक्शन सिस्टम आ टॉक-बैक यूनिट जइसन सुविधा दिहल गइल बा।
गोरखपुर-दिल्ली सफर में यात्रियन के मिली राहत
गोरखपुर से दिल्ली के बीच अमृत भारत एक्सप्रेस सुरू भइला से लमहर दूरी के यात्रा करे वाला यात्रियन के नया विकल्प मिली। खासकर जनरल आ स्लीपर श्रेणी में यात्रा करे वाला लोगन के बेहतर सुविधा के संगे सफर करे के मवका मिली।
Read Also: Azam Khan ED Raid : आजम खान के खिलाफ ED के छापा, जौहर यूनिवर्सिटी सहित 10 ठिकानन पs तलाशी









