IND vs PAK Hockey : आज भारत-पाकिस्तान हॉकी मुकाबला, हैंडशेक होई कि ना? जान लीं नियम

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 19, 2026

नई दिल्ली। भारत आ पाकिस्तान के बीच हॉकी विश्व कप के अहम मुकाबला में आज मैदान पs जोरदार टक्कर देखे के मिली। दुनियाभर के हॉकी प्रशंसकन के नजर जहां मैच के नतीजा पs बा, ओहिजा

Share

IND vs PAK Hockey

नई दिल्ली। भारत आ पाकिस्तान के बीच हॉकी विश्व कप के अहम मुकाबला में आज मैदान पs जोरदार टक्कर देखे के मिली। दुनियाभर के हॉकी प्रशंसकन के नजर जहां मैच के नतीजा पs बा, ओहिजा एगो सवाल चरचा में बा- कि का भारत आ पाकिस्तान के खिलाड़ी मैच से पहिले भा बाद में हैंडशेक करी लो?दूनो टीम दूसरा दौर में जगह बनावे खातिर पूरा ताकत लगाई।

हॉकी में हैंडशेक के का बा नियम?

क्रिकेट के हालिया मुकाबलन में भारतीय टीम पारंपरिक हैंडशेक से दूरी बनावत देखल गइल बिया। बाकिर हॉकी में इस्थिति कुछ अलग बा। FIH के आधिकारिक नियमावली में खिलाड़ी के हैंडशेक करे के अनिवार्य नियम नइखे।

माने, खिलाड़ी जदि हाथ ना मिलावेला तs ओकरा पs कवनो खास कानूनी दंड के प्रावधान नइखे। हालांकि, मैच से पहिले आ बाद में हाथ मिलावल खेल भावना आ आपसी सम्मान के पारंपरिक हिस्सा मानल जाला।

हॉकी इंडिया के का बा रुख?

हॉकी इंडिया पहिले साफ कs चुकल बा कि ऊ क्रिकेट के रास्ता ना अपनाई आ ओलंपिक चार्टर आ FIH के दिशा-निरदेसन के पालन करी। संगठन के मोताबिक, खिलाड़ी विरोधी टीम के खिलाड़ी से बातचीत भा मेलजोल करे खातिर स्वतंत्र बा लो। हाल के FIH प्रो लीग आ जूनियर मुकाबलन में भारतीय खिलाड़ी मैच से पहिले हाई-फाइव करत देखल गइल बा लो।

रोमियो जेम्स कहलें- मैदान पs जवाब देवे पs रहे धेयान

भारत के पूर्व हॉकी खिलाड़ी रोमियो जेम्स के माने के बा कि हैंडशेक के जरूरत से जादे तूल ना देके खिलाड़ियन के मैदान पs प्रदर्शन पs धेयान देवे के चाहीं। उनकर कहनाम बा कि असली जवाब मैदान पs बेहतर खेल आ जादे गोल से देवे के चाहीं। मैदान के बाहर खेल भावना कायम रखे आ आपसी सम्मान देखावे में कवनो दिक्कत नइखे।

भारत-पाकिस्तान के हेड-टू-हेड रिकॉर्ड

भारत आ पाकिस्तान के हॉकी इतिहास  बहुते पुरान बा। दूनो टीम अब तक 183 मुकाबलन में आमने-सामने आ चुकल बाड़ी सs। एमे पाकिस्तान 82 मैच जीतले बा, जबकि भारत के नामे 69 जीत बा। कुल 32 मुकाबला ड्रॉ रहल बा। हॉकी विश्व कप में भारत के रिकॉर्ड बेहतर रहल बा। विश्व कप में अब तक दूनो टीम के बीच पांच मुकाबला भइल बा, जवना में भारत तीन आ पाकिस्तान दू मैच जीतले बा।

आज के मुकाबला भारत खातिर काहे जरूरी?

आज के मैच के नतीजा दूनो टीम के अगिला दौर के सफर तय करी। भारत जीतल तs दूसरा दौर में पहुंच जाई आ पाकिस्तान के अभियान खतम हो सकेला। पाकिस्तान के जीत मिलला पs भारत के अगिला दौर में पहुंचे के उम्मेद खतम हो जाई। जदि मुकाबला ड्रॉ रहेला तs भारत के अगिला दौर में पहुंचे खातिर इंग्लैंड-वेल्स मुकाबला के नतीजा पs निर्भर रहे के पड़ सकेला।

हाल के मुकाबलन में भारत के दबदबा

हाल के बरिसन में भारत पाकिस्तान पs बढ़त बनवले बा। एशियन चैंपियंस ट्रॉफी के फाइनल में भारत 2-1 से जीत हासिल कइले रहे। प्रो लीग के एगो मुकाबला में भारत पाकिस्तान के 4-3 से हरवलस। 2023 एशियन गेम्स में भारत पाकिस्तान पs 10-2 के बड़ जीत दर्ज कइले रहे। हाल के प्रो लीग मुकाबला में भारत 7-1 से जीत हासिल कइलस।

पूर्व भारतीय गोलकीपर पीआर श्रीजेश के मोताबिक, फिटनेस, ताकत, खेल के समझ आ सही समय पs फैसला लेवे के क्षमता में सुधार के चलते भारत-पाकिस्तान मुकाबलन में अब भारत के बढ़त नजर आवत बा।

Read Also: Gorakhpur-Delhi Amrit Bharat Express : गोरखपुर से दिल्ली के सफर अब आउर आसान होई, 27 अगस्त से चली पहिला अमृत भारत एक्सप्रेस

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.