Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखनाथ मंदिर अटैक पर ATS के खुलासा

गिरफ्तारी के डर से मुर्तजा आनन-फानन फिदायीन हमला प्लान कइलस, हथियार नाइ मिलल त बकुहा खरिदलस

156

गोरखपुर के गोरखनाथ मंदिर के सुरक्षा में तैनात PAC जवानन पर हमला करे वाला अहमद मुर्तजा अब्बासी जल्दिए कनाडा शिफ्ट होखे वाला रहल। ऊ कनाडा से ISIS के गढ़ सीरिया भगले के फिराक में रहल। चूंकि, कनाडा जइसन देश में गइले खातिर कड़ा नियम का पालन अउर अच्छा-खासा बैंक बैलेंस होखल जरूरी बा, एहलिए मुर्तजा बैंक खाता में करीब 20 लाख रुपया जमा कके रखले रहे। लेकिन, ई रुपया ओके विदेशी फंडिंग के जरिए नाइ मिलल रहे। ओकरे परिवार के लोगवे ओकरे खाता में ई रकम डरले रहने|

हथियार नाइ मिलल, 700 में खरिदलस बकुहा

उहवें, अब ले पूछताछ में सामने आइल बा कि मुर्तजा के घरे जब दू अप्रैल के ATS पहुंचल, त ओके एह बात का अंदाजा लग गइल कि अब ऊ पकड़ा जाई अउर ओकर बच पावल मुश्किल बा। ऊ अपने संपर्क में रहल कौनो संदिग्ध के एकर जानकारी देहलस अउर तत्काल पकड़इले से पहिले हमला के तैयारी कS लेहलस। ओके पता रहल कि ऊ पकड़ा जाई, एहलिए ऊ हमला कs के मरने के ठान लेहलस। ऊ बिना कुछ सोचले तत्काल नेपाल चल गइल। सूत्र के दावा बा कि नेपाल बॉर्डर पर मुर्तजा के हथियार मिले वाला रहल, लेकिन ऊ जेसे मिले गइल रहल ओसे मुलाकात नाइ हो पावल।

हमला से पहिले फॉर्मेट कs देहले रहल मोबाइल

हथियार के इंतजार में मुर्तजा बांसी स्थित अपने रिश्तेदार के घर आ के रात में रुक गइल। लेकिन, अगिले दिन पूरा समय निकल गइले के बादो जब ओके हथियार नाइ मिलल, त ऊ बांसी से ही 700 रुपया में दू बकुहा (धारदार हथियार) खरिदलस। मुर्तजा एतना शातिर बा कि हमला से पहिलही आपन मोबाइल फोन फॉर्मेट कs देहलस, ताकि पकड़इले पर ओकर कौनो रिकॉर्ड न मिल सके। इकरे बाद ऊ देर साँझ सोनौली रोड से गोरखपुर पहुंचल अउर रास्ता में गोरखनाथ मंदिर पs हमला कs देहलस। फिलहाल, ATS ओकर मोबाइल कब्जा में लेके डाटा रिकवर कs रहल बिया।

238590cookie-checkगोरखनाथ मंदिर अटैक पर ATS के खुलासा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.