[the_ad_group id="30365"]

नवरात्र में मीट बैन पर बवाल : टीएमसी सांसद मोइत्रा बोलली- संविधान देहले बा जब मर्जी होखे तब खइले के इजाजत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

हलाल मीट पर विवाद के बाद अब दक्षिण दिल्ली में नवरात्र के दौरान मांस के दुकान पर पाबंदी के लेके मेयर के पत्र से बवाल पैदा हो गइल बा। हालांकि एमसीडी के अधिकारियन के कहनाम बा कि मेयर के औपचारिक आदेश नाइ मिलल बा। एह बीच, तृणमूल कांग्रेस के सांसद महुआ मोइत्रा एके चुनौती देहले बाड़ी।

इत्रा का कहनाम बा कि ऊ दक्षिण दिल्ली में रहेली अउर संविधान ओनके जब मर्जी होखे तब मीट खइले के इजाजत देहले बा। एह मामिला के नेशनल कॉन्फ्रेंस के नेता उमर अब्दुल्ला जम्मू-कश्मीर से जोड़ देहले बाने। दक्षिण दिल्ली के मेयर के मांग के बाद अइसही पूर्वी दिल्ली के मेयरो कर देहने। मंगलवार के दक्षिण दिल्ली में मांस की दुकान बंद रहने के खबर बा। दुकान खुलल मिलने पर भारी जुर्माना लगवले के बात कहल जा रहल बा।

मेयर सूर्यान कहने  बात
मेयर सूर्यान के कहनाम बा कि चूंकि नवरात्र के दौरान दिल्ली के 99 फीसदी घर में इहाँ ले कि लहसून—प्याज ले नाइ खाइल जाला, एहलिए हमनीके दक्षिण दिल्ली में मांस के दुकान बंद रखले के फैसला कइल गइल बा। जे दुकान खोली ओपर भारी जुर्माना लागी।

दुकानदार के कारोबार कइले के आजादी : मोइत्रा 
मीट दुकान पर बैन के खबर के बीच टीएमसी सांसद माइत्रा ट्वीट कइले बाड़ी। उनके कहनाम बा कि संविधान हमके अपने मर्जी से जब चाहीं मीट खइले के इजाजत देत बा, ओही तरे दुकानदार के अपना कारोबार कइले के इजाजत बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]