Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

लोक अदालत खातिर 14 न्यायिक बेंच के गठन: सीवान के सिविल कोर्ट में 9 दिसंबर के राष्ट्रीय लोक अदालत के होई आयोजन 

1,362

सुलह आ आपसी समझौता के आधार पs अलग-अलग ममिलन के निष्पादन खातिर जिला विधिक सेवा प्राधिकार के अध्यक्ष सह स्थानीय जिला आ सत्र न्यायाधीश प्रदीप कुमार मलिक कावर  से 14 बेंचन के गठन कइल गइल बा। बता दीं कि नव दिसंबर के सीवान के सिविल कोर्ट में अलग-अलग विषयन पs राष्ट्रीय लोक अदालत के आयोजन होखे के बा। एह राष्ट्रीय लोक अदालत में सलाह आ समझौता के आधार पs ममिलन के निष्पादन कइल जाई।

जिला विधि के सेवा प्राधिकार के सचिव धीरेंद्र कुमार राय बतवलें की बेंच संख्या एक पs षष्ठम अपर जिला आ सत्र न्यायाधीश श्रीमती प्रतिभा आउर अधिवक्ता संगीता सिंह, ओहिजा बेंच संख्या दु पs अष्टम अपर जिला आ सत्र न्यायाधीश शशि भूषण कुमार आ अधिवक्ता मनोज कुमार सिंह नंबर वन, बेंच संख्या तीन पs ऐसीजेएम एक राजीव कुमार द्विवेदी आ अधिवक्ता बृजेश कुमार दुबे, बेंच संख्या चार पs एसीजेएम आठ अमित कुमार पांडेय आ अधिवक्ता मोहम्मद कलीमुल्लाह, बेंच संख्या पांच पs एसीजेएम सात हर्षवर्धन आ अधिवक्ता प्रमोद रंजन, बेंच संख्या छह पs एसीजेएम तीन अरुण तिवारी आ अधिवक्ता ईश्वर चंद्र महाराज ममिलन के निष्पादन करी लो।

बैंच संख्या सात पs प्रथम श्रेणी न्यायिक पदाधिकारी आशुतोष अभिमन्यु आ अधिवक्ता गणेशराम, बैंच संख्या आठ पs प्रथम श्रेणी न्यायिक पदाधिकारी विवेक कुमार आ अधिवक्ता अनिल कुमार सिंह, बेंच संख्या नौ पs एसडीजेएम बबीता सिंह आ अधिवक्ता अनिल कुमार, बेंच संख्या 10 पs प्रथम श्रेणी न्यायिक पदाधिकारी सुरभित सहाय आ अधिवक्ता उत्तम कुमार सिंह, बैंच संख्या 11 पs प्रथम श्रेणी न्यायिक पदाधिकारी आलोक चतुर्वेदी आ अधिवक्ता कुमार रजनीश, बैंच संख्या 12 पs प्रथम श्रेणी न्यायिक पदाधिकारी अमित दयाल आ अधिवक्ता परशुराम सिंह, बेच संख्या 13 पs प्रथम श्रेणी न्यायिक पदाधिकारी मनीष राय आ अधिवक्ता त्रिलोकी नाथ पांडेय आ बेंच संख्या 14 पs प्रथम श्रेणी न्यायिक पदाधिकारी कृष्ण कुमार आ अधिवक्ता मो. उत्तीम मियां सुलह आ समझौतन के आधार पs ममिलन के निष्पादन करी लो।

687800cookie-checkलोक अदालत खातिर 14 न्यायिक बेंच के गठन: सीवान के सिविल कोर्ट में 9 दिसंबर के राष्ट्रीय लोक अदालत के होई आयोजन 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.