आग पs काबू पाए जा रहल अग्निशमन वाहन भइल अनियंत्रित, बाल बाल बचले चालक आ गार्ड

Share

रघुनाथपुर: सिसवन मुख्य मार्ग पs सोमार के भोरे निवारी मोड़ के लगे रघुनाथपुर के अग्निशमन वाहन दुर्घटनाग्रस्त हो गइल। हालांकि एह दुर्घटना में केहू के कवनो क्षति ना भइल। गाड़ी में बइठल गार्ड आ चालक बाल-बाल बच गइल लो। बतावल जा रहल बा कि सिसवन प्रखंड के ग्यासपुर में आग लागे के सूचना पs आग पs काबू पावे जा रहल अग्निशमन वाहन अचके अनियंत्रित हो गइल आ नेवारी मोड़ के लगे सड़क किनारे पलट गइल। मवका पs मवजूद स्थानीय लोगन के मदद से सबसे पहिले गाड़ी के चालक आ गार्ड के सकुशल निकालल गइल। ओकरा बाद ट्रैक्टर के सहारे अग्निशमन वाहन के सीधा खड़ा कs के सड़क के किनारे लगावल गइल। एह दुर्घटना में केहुओ के जान माल के कवनो क्षति नइखे भइल बलुक गाड़ी के शीशा खिड़की वगैरह क्षतिग्रस्त हो गइल बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-