[the_ad_group id="30365"]

तेज आंधी के चलते महाराजगंज में गिर गइल दीवार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

महाराजगंज जिला के पनियारा थाना क्षेत्र के गाँव विधानसभा विशुनपुरा चौराहा पर यज्ञ के समापन का दौरान बियफे का देर रात तेज तूफान का चलते टावर के दीवार गिरला का चलते एगो बुढ़ऊ आ एगो औरत के मौत हो गइल बा. एगो महिला गंभीर रूप से घाही हो गईल। जेकर गंभीर हालत में जिला अस्पताल महाराजगंज में करावल गइल.

जानकारी के मुताबिक विशुनपुरा गांव में यज्ञ कार्यक्रम के समापन प शुक्रवार के रात में भंडारा के आयोजन कईल गईल। दूर से साधु लोग आइल रहे। उहें, तेज आंधी के चलते टावर के दीवार गिरला से ग्राम सभा रामपुर खुर्द निवासी सदानंद शर्मा (60 साल) अवुरी सिंदुरिया थाना क्षेत्र के ग्राम सभा पकियार निवासी फूलकुमारी (70 साल) के मौत हो गईल।

दूसर ओर कुशीनगर जिला के कप्तानगंज थाना क्षेत्र के ग्राम सभा अकथवा निवासी सुखली उर्फ ​​भगवती (65 साल) गंभीर रूप से घाही हो गईली। बुजुर्ग महिला के इलाज जिला अस्पताल में चलता।

प्रभारी थानाध्यक्ष रमाशंकर चौधरी आंधी के चलते दु जने के मृत्यु भईल बतवनी । एगो महिला घाही बिया, जेकरा के जिला अस्पताल में भर्ती करावल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]