तेज आंधी के चलते महाराजगंज में गिर गइल दीवार

कुमार आशू
- Sponsored Ads-

महाराजगंज जिला के पनियारा थाना क्षेत्र के गाँव विधानसभा विशुनपुरा चौराहा पर यज्ञ के समापन का दौरान बियफे का देर रात तेज तूफान का चलते टावर के दीवार गिरला का चलते एगो बुढ़ऊ आ एगो औरत के मौत हो गइल बा. एगो महिला गंभीर रूप से घाही हो गईल। जेकर गंभीर हालत में जिला अस्पताल महाराजगंज में करावल गइल.

जानकारी के मुताबिक विशुनपुरा गांव में यज्ञ कार्यक्रम के समापन प शुक्रवार के रात में भंडारा के आयोजन कईल गईल। दूर से साधु लोग आइल रहे। उहें, तेज आंधी के चलते टावर के दीवार गिरला से ग्राम सभा रामपुर खुर्द निवासी सदानंद शर्मा (60 साल) अवुरी सिंदुरिया थाना क्षेत्र के ग्राम सभा पकियार निवासी फूलकुमारी (70 साल) के मौत हो गईल।

- Sponsored Ads-

दूसर ओर कुशीनगर जिला के कप्तानगंज थाना क्षेत्र के ग्राम सभा अकथवा निवासी सुखली उर्फ ​​भगवती (65 साल) गंभीर रूप से घाही हो गईली। बुजुर्ग महिला के इलाज जिला अस्पताल में चलता।

प्रभारी थानाध्यक्ष रमाशंकर चौधरी आंधी के चलते दु जने के मृत्यु भईल बतवनी । एगो महिला घाही बिया, जेकरा के जिला अस्पताल में भर्ती करावल बा।

- Sponsored Ads-

Share This Article