Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बैडमिंटन स्टार लक्ष्य सेन पर धोखाधड़ी के लेके FIR, संगही माई-बाबूजी, भाई आ कोचो फंसलें 

8,236

अर्जुन अवॉर्ड से सम्मानित बैडमिंटन खिलाड़ी लक्ष्य सेन बड़ मुश्किल में फंस गइल बाड़ें। कॉमनवेल्थ गेम्स में गोल्ड मेडल जीते वाला लक्ष्य पर उमिर के लेके फर्जीवाड़ा करे के आरोप लागल बा।

मीडिया रिपोर्ट्स के मोताबिक बेंगलुरुए में अकेडमी चला रहल नगराजा एमजी के शिकायत के बाद लक्ष्य सेन आ उनकर अकेडमी (प्रकाश पादुकोण अकेडमी) के एगो कोच के खिलाफ एफआईआर दर्ज कइल गइल बा। हालांकि लक्ष्य सेन के ओर से एकरा बारे में कुछ नइखे कहल गइल।

जवना लोगन पर एफआईआर दर्ज भइल बा ओमे लक्ष्य सेन, उनकर कोच विमल कुमार, पिता धिरेंद्र सेन, मां निर्माला आ भाई चिराग के नाम सामिल बा। लक्ष्य के बड़ भाई चिराग खुद बैडमिंटन खिलाड़ी रहल बाड़ें। केस में आईपीसी के अलग-अलग धारा लगावल गइल बा जेमे 420 (चीटिंग), 468 (फर्जीवाड़ा) आ 471 (फर्जी रिकॉर्ड) के धारा सामिल बा।

लक्ष्य सेन के उमिर पर मचल बवाल

इंडियन एक्सप्रेस के रिपोर्ट के मोताबिक शिकायत करे वाला नगराजा के कहनाम बा कि साल 2010 में लक्ष्य के कोच आ उनकर माई-बाबूजी फर्जी बर्थ सर्टिफिकेट बनववले रहे लो। एह कारण लक्ष्य उमिर जादे होखला के बावजूद अलग-अलग एजग्रुप में खेल पवलें। बर्थ सर्टिफिकेट के मोताबिक लक्ष्य सेन के जनम 2001 में भइल जबकि नगराजा के कहनाम बा कि ई स्टार खिलाड़ी 1998 में पैदा भइल बा।

विमल कुमार आरोपन के कइलें खारिज

लक्ष्य सेन के कोच विमल कुमार एह आरोपन के खारिज कइलें बाड़ें। 21 साल के लक्ष्य सेन पिछला 12 साल से प्रकाश पादुकोण अकेडमी में ट्रेनिंग कर रहल बाड़ें। विमल कुमार आरोपन पर कहलें, ‘हम नइखी जानत कि शिकायत करे वाला का आरोप लगवले बा। हमार एहमे कवनो रोल नइखे। लक्ष्य साल 2010 में हमरा अकेडमी में अइलें आ हम उनका के बाकी बच्चन के जइसने ट्रेन कइनी। हम ई जरूर सुनले रहनी कि केहू हमार आ अकेडमी के छवि के खराब करे के कोसिस कर रहल बा बाकिर हमरा पर ओकर कवनो फर्क ना पड़ल’। लक्ष्य फिलहाल देश के नंबर वन खिलाड़ी बाड़ें। ऊ पिछला दु साल में देस खातिर हर बड़ टूर्नामेंट में मेडल जीतले बाड़ें। जवना में कॉमनवेल्थ गेम्स के गोल्ड मेडल सामिल बा। उनका के बुध के अर्जुन अवॉर्ड से सम्मानित कइल गइल रहे।

400560cookie-checkबैडमिंटन स्टार लक्ष्य सेन पर धोखाधड़ी के लेके FIR, संगही माई-बाबूजी, भाई आ कोचो फंसलें 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.