[the_ad_group id="30365"]

निम्मन खबर: डेफ बैडमिंटन में आदित्या बिखेरली सुनहरा चमक, गोरखपुर में धूमधाम से होई स्वागत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

थाईलैंड में आयोजित छठवां एशिया पैसिफिक डेफ बैडमिंटन चैंपियनशिप में बैडमिंटन सनसनी गोरखपुर के आदित्या यादव एक बेर फेर आपन प्रतिभा के डंका बजवले बाड़ी। आदित्या अंडर-21 वर्ग के जुगल मुकाबला में स्वर्ण त मिश्रित युगल आ एकल स्पर्धा में रजत पदक हासिल क के देश के तीन पदक दिलवले बाड़ी।
सुक के खेलल गइल मुकाबला में आदित्या आ तमिलनाडु के जरलीन के जोड़ी युगल स्पर्धा में जापान के माइकेमता आ यूमीकातेयामा के जोड़ी के 21-6 आ 21-12 अंक से पराजित कइलस। मिश्रित युगल के खिताबी मुकाबला में जरलीन आ नितिन के जोड़ी आदित्या आ प्रखर के जोड़ी के 21-16, 21-12 अंक से मात देलस। एकल स्पर्धा में आदित्या के मुकाबला भारतेके जरलीन के संगे भइल। रोमांचक मुकाबला में जरलीन आदित्या के 22-20, 12-18 अंक से पराजित क के स्वर्ण पदक हासिल कइली। आदित्या के रजत पदक मिलल।

वापसी पर बिटिया का धूमधाम से होगा स्वागत

आदित्या ब्राजील में आयोजित डेफलंपिक्स में टीम स्पर्धा में भारतीय टीम के स्वर्ण पदक दिलावे में अहम भूमिका निभवले रहली। पूर्वोत्तर रेलवे में कार्यालय अधीक्षक के पद प तैनात दिग्विजयनाथ यादव बेटी के उपलब्धि से गदगद बाड़े। 22 सितंबर के आदित्या थाईलैंड से दिल्ली खातिर रवाना होइहें। बाबूजी बतवले कि वापसी प बिटिया के धूमधाम से स्वागत कइल जाई।

मांसपेशियों में ऐंठन के चलते बीच में छोड़ना पड़ा मुकाबला

आदित्या के बाबुजी बतवले कि एकल स्पर्धा में बिटिया  जरलीन के कड़ा टक्कर देलस। बाकिर, दूसरा सेट के दौरान मांसपेशियन में ऐंठन के वजह से मैच के बीचे में  छोड़े के पड़ल। परिणामस्वरूप जरलीन के मैच के विजेता घोषित कइल गइल।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]