[the_ad_group id="30365"]

India Open 2023: आपन खिताब के बचा के रखे के हर संभव कोसिस करेम- लक्ष्य सेन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

इंडिया ओपन बैडमिंटन टूर्नामेंट के आयोजन दिल्ली में पहिला बेर कइल जा रहल बा। 17 जनवरी से राजधानी के इंदिरा गांधी स्टेडियम में सुरू होखे जा रहल एह टूर्नामेंट से पहिले पिछला साल पुरुष एकल खिताब जीते वाला भारतीय स्टार बैडमिंटन खिलाड़ी लक्ष्य सेन से एगो मिडिया हाउस द्वारा बातचीत कइल गइल। लक्ष्य सेन पिछला सीजन में माने साल 2022 में पुरुष एकल खिताब जीतले रहस।

लक्ष्य सेन से पूछल गइल कि रउआ एह टूर्नामेंट (पुरुष एकल मुकाबले में) के डिफेंडिंग चैंपियन बानी आ रउआ चाहेम कि एह खिताब के बरकरार रखीं, बाकिर एह बार रउआ कवना खिलाड़ी के सबसे बड़ चुनौती के रूप में देखत बानी। एकर जवाब देत  लक्ष्य कहलें कि दुनिया के बेहतरीन खिलाड़ी एह टूर्नामेंट में हिस्सा ले रहल बा लोग आ पहिलके राउंड से कड़ा मुकाबला होखे वाला बा। हमरा खातिर हरेक मैच महत्वपूर्ण बा आ हम एक बार में एके मैच पs आपन धेयान देम आ आगे बढ़े के कोसिस करेम।

लक्ष्य से जब पूछल गइल कि रउआ पs खिताब के बचा के रखला के जिम्मेदारी के साथे-साथे भारत खातिर रउआ बड़ उम्मीद बानी तs का एकरा के लेके कवना तरह के दवाब बा। एह पs ऊ कहलें कि दवाब तs हर टूर्नामेंट में रहेला, बाकिर डिफेंडिंग चैंपियन होखला के वजह से ई दवाब अबकी बेर तनी आउर जादे बा। सब बड़ खिलाड़ी एह बेर खेल रहल बा लो तs हम आपन बेस्ट देवे के कोसिस करेम आ अपना खिताब के बचा के रखला के पूरा प्रयास करेम।

इंडिया ओपन से पहिले पीवी सिंधु के प्रतिक्रिया

एह टूर्नामेंट में हिस्सा ले रहल दु बेर ओलंपिक खिताब जीते वाला पीवी सिंधू से पूछल गइल कि रउआ साल 2017 में महिला एकल खिताब जीतले रहनी तs पांच साल के बाद एक फेर से रउआ कवना तरह के उम्मीदें रही। एह पs सिंंधू कहलें कि, हमरा खातिर हर मैच अहम बा काहेकि बहुते निमन प्लेयर्स बा लो आ ओह दिन जे अच्छा खेली उहे जीती। हर राउंड हमरा खातिर अहम होई, हम ई तs नइखी कह सकत बा कि हम खिताब जीत लेम, बाकिर हमार कोसिस रही कि हम विजेता बनी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]