श्रीलंका के खिलाफ तीन टी20 अउर तीन वनडे मैच के सीरीज खातिर भारतीय टीम के एलान हो चुकल बा। चयनकर्ता लोग मंगर के (27 दिसंबर) के टीम घोषित कइले रहनें। वनडे सीरीज खातिर चुनल गइल टीम से अनुभवी बल्लेबाज शिखर धवन हटा दिहल गइल बा।
ऊ न्यूजीलैंड के दौरा पर वनडे में टीम इंडिया के कप्तान रहनें। वनडे में चयनकर्ता अब भविष्य के बारे में सोच रहल बानें। एही चलते ऊ युवा बल्लेबाज शुभमन गिल के त चुनल गइल, लेकिन 37 वर्षीय धवन के बाहर कs दिहल गइल। अइसन मानल जा रहल बा कि उनकर अब वनडे करियर भी समाप्त हो गइल बा।
धवन बांग्लादेश के खिलाफ वनडे सीरीज में खेलल रहनें। एह साल वनडे 22 मैच में धवन 688 रन बनवलें। एह दौरान उनकर उच्चतम स्कोर 97 रहल। धवन छह अर्धशतक लगवलें। उनकर औसत खराब नइखे रहल। धवन 34.40 के औसत से रन बनवलें। पिछले छह वनडे में धवन एक अर्धशतक लगवले रहनें। ऊ न्यूजीलैंड के खिलाफ पहिले वनडे में 72 रन के पारी खेलले रहनें। ओकरे दूसरे मैच में तीन अउर तीसरे में 28 रन बना के आउट भइल रहे। बांग्लादेश में धवन सात, आठ अउर तीन रन के पारी खेलले रहनें।
प्रशंसक लोग धवन के टीम में शामिल नाइ कइले पs निराशा व्यक्त कइल अउर ट्विटर पs उनके ले के भावुक पोस्ट कइलें।