Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Suryakumar Yadav IND vs SL: भारत के उपकप्तान बनला पs सूर्या के रिएक्शन, कहलें ई बात

825

Suryakumar Yadav India vs Sri Lanka Series 2023: टीम इंडिया के स्टार खिलाड़ी सूर्यकुमार खातिर ई साल बहुते सानदार रहल बा। सूर्या साल 2022 में टी20 इंटरनेशनल में सबसे जादे रन बनावे वाला बल्लेबाज बन रहल बाड़े।

ऊ कइयन मवकन पs टीम इंडिया खातिर सानदार पारी खेलके टीम के जीत दिलवले बाड़ें। अब उनका एकर फायदो मिलल बा। श्रीलंका के खिलाफ होखे वाला टी20 सीरीज खातिर सूर्यकुमार यादव के उपकप्तान बनावल गइल बा। श्रीलंका के खिलाफ ई सीरीज 3 जनवरी से सुरू हो रहल बा। एकर पहिला मुकाबला मुंबई में खेलल जाई।

रणजी ट्रॉफी में सौराष्ट्र के खिलाफ बुध के सूर्याकुमार यादव 95 रन के पारी खेलले बाड़ें। एकरा बाद सूर्या कहलें, एकर (उप कप्तान) हमरा कवनो उम्मीद ना रहे। बाकिर जवना तरह से पिछला साल गुजरल बा तs हम समझत बानी कि ई हमरा खातिर इनाम बा। हमरा पाके ई अच्छा लाग रहल बा।’

सूर्यकुमार यादव बतवलें कि उनका उपकप्तान बनला के खबर उनकर पिता देलें सूर्या कहलें, हमार बाबूजी हमरा के स्क्वाड लिस्ट भेजनी काहेकि ऊ हमेशा सोशल मीडिया पs रहलें। एकरा बाद हमनी के एक-दूसरा से बातचीत कइनी सs। ऊ हमरा के एगो छोट मैसेज भेजनी। ऊ लिखनी कि जादे दबाव मत लिहs आपन बल्लेबाजी के एंजॉय करिहें।’

सूर्यकुमार आगे कहलें, हम आपन आंख बंद कs के खुद से पूछनी कि का इहे टीम हs? ई हमरा खातिर एगो सपना के तरह रहे। ई हमार सालन के मेहनत के फल हs। जवन बीया हम बोवनी, ऊ पेड़ आखिरकार बड़ हो गइल बा आ हम एकरा फलन के अब आनंद ले रहल बानी। जवना तरह से चीज हो रहल बा, ओसे हम बेहद खुश बानी।’

सूर्या के 2021 में भइल रहे इंटरनेशनल डेब्यू

32 साल के सूर्यकुमार यादव के पिछलके साल इंटरनेशनल क्रिकेट में डेब्यू भइल रहे। एकरा बाद से ऊ पीछे मुड़के ना देखलें। ऊ अपना प्रदर्शन के दम पs टी20 इंटरनेशनल रैंकिंग में नंबर-1 के स्थान हासिल कइलें बाड़ें। सूर्या अब तक 42 टी20 इंटरनेशनल मैचन में 180+ के स्ट्राइक रेट से 1408 रन बनवलें। एह दौरान उनकर 44 के औसत रहल बा। ऊ अब ले 16 वनडे मैच खेल चुकल बाड़ें। हालांकि टेस्ट क्रिकेट में अब तक उनका डेब्यू के मौका नइखे मिलल।

श्रीलंका के खिलाफ वनडे सीरीज खातिर टीम इंडिया:

रोहित शर्मा (कप्तान), हार्दिक पांड्या (उप-कप्तान), सूर्यकुमार यादव, शुभमन गिल, विराट कोहली, श्रेयस अय्यर, वाशिंगटन सुंदर, केएल राहुल, ईशान किशन, युजवेंद्र चहल, कुलदीप यादव, मोहम्मद सिराज, मोहम्मद शमी, अर्शदीप सिंह, उमरान मलिक, अक्षर पटेल।

टी-20 सीरीज खातिर टीम इंडिया:

हार्दिक पांड्या (कप्तान), सूर्यकुमार यादव (उप-कप्तान), ईशान किशन, ऋतुराज गायकवाड़, संजू सैमसन, शुभमन गिल, दीपक हुड्डा, राहुल त्रिपाठी, वाशिंगटन सुंदर, युजवेंद्र चहल, उमरान मलिक, अक्षर पटेल, अर्शदीप सिंह, शिवम मावी, मुकेश कुमार।

श्रीलंका के भारत दौरा:

  • पहला टी-20: 3 जनवरी, मुंबई
  • दूसरा टी-20: 5 जनवरी, पुणे
  • तीसरा टी-20: 7 जनवरी, राजकोट
  • पहला वनडे: 10 जनवरी, गुवाहाटी
  • दूसरा वनडे: 12 जनवरी, कोलकाता
  • तीसरा वनडे: 15 जनवरी, तिरुवनन्तपुरम
423920cookie-checkSuryakumar Yadav IND vs SL: भारत के उपकप्तान बनला पs सूर्या के रिएक्शन, कहलें ई बात

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.