नई दिल्ली। भारतीय खाद्य सुरक्षा आ मानक प्राधिकरण (FSSAI) एवरेस्ट फूड प्रोडक्ट्स प्राइवेट लिमिटेड आ लालजी गोधू के हींग पाउडर बेचे पs रोक लगा देले बा।
लैब में जांच के दौरान दुनो कंपनी के हींग पाउडर के सैंपल घटिया क्वालिटी के मिलल। एकरा बाद खाद्य नियामक कार्रवाई करत कंपनी दूनो के खिलाफ प्रतिबंध आदेस जारी कइले बा। FSSAI सनिचर के इंटरनेट मीडिया पोस्ट के माध्यम से एह कार्रवाई के जानकारी देलस।
हींग पाउडर के सब किसिम के बिक्री बंद
एवरेस्ट के ममिला में FSSAI हींग पाउडर के सब किसिम के बिक्री तत्काल प्रभाव से रोक देले बा। प्राथमिक खाद्य प्रयोगशाला के खाद्य विश्लेषक जांच में हींग पाउडर (मिश्रित हींग) के सैंपल के तय मानक के मुताबिक ना पवलें। एह सैंपल में गलत ब्रांडिंगो मिलल।
जांच में अल्कोहल में घुले वाला अर्क के मात्रा शून्य प्रतिशत मिलल, जबकि तय मानक के मोताबिक ई कम से कम 5 प्रतिशत होखे के चाहीं। पीली हींग पाउडर (मिश्रित हींग) आ काली हींग पाउडर (मिश्रित हींग) के सैंपलो मानक पs खरा ना उतर पवलें।
एवरेस्ट के FSSAI देलस चेतावनी
पीली आ काली हींग पाउडर के सैंपल में अल्कोहल में घुले वाला अर्क क्रमशः 3.29 प्रतिशत आ 4.4 प्रतिशत मिलल। FSSAI एवरेस्ट से कहलस कि कंपनी बढ़िया क्वालिटी वाला प्रोडक्ट के बिक्री सुनिश्चित करे खातिर कार्य योजना पेश करे।
नियामक चेतावनी देले बा कि जदि कंपनी अपना गलती में सुधार करे में नाकाम रहल, तs ओकरा खिलाफ आगहू कार्रवाई हो सकेला।
लालजी गोधू के हींग पाउडर पs रोक
लालजी गोधू के ममिला में FSSAI कहलस कि कंपनी के हींग पाउडर बेचे से रोक दिहल गइल बा। जांच के दौरान ई घटिया आ मिलावटी पावल गइल रहे।
सैंपल में जरूरत से जादे स्टार्च मिलल
कंपाउंडेड हींग बनावे में इस्तेमाल होखे वाला कच्चा हींग के किसिम के सैंपल में जरूरत से जादे स्टार्च मिलल। एह वजह से सैंपल के क्वालिटी घटिया पावल गइल। मानक के मोताबिक हींग में वजन के हिसाब से स्टार्च के मात्रा एक प्रतिशत से जादे ना होखे के चाहीं। बाकिर जांच में निर्धारित सीमा से जादे स्टार्च पावल गइल।
FSSAI लालजी गोधू से सुधार खातिर कार्य योजना पेश करे के कहलस। संगही कंपनी के ई सुनिश्चित करे के निरदेस दिहल गइल बा कि आगे से खाली मानक के मोताबिक बढ़िया क्वालिटी वाला हींग के निर्माण आ बिक्री होखे।
Read Also: 30 अगस्त 2026 के राशिफल






