[the_ad_group id="30365"]

EPFO : PF खाता में कतना पइसा जमा भइल बा आ कतना ब्याज मिलल? मोबाइल से अइसन करीं चेक

EPF Interest Rate 2025-26 Government Approves 8.25 Percent
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

PF Balance Check : नौकरी करे वाला लोगन के सबसे जादे चिंता आमतौर पs सैलरी के लेके होला कि केतना वेतन मिलत बा, कब बढ़ी आदि। ई जरूरियो बा, बाकिर नौकरी करत-करत कइयन साल बीत जाला आ लोग आपन PF खाता के बैलेंस चेक करे के भुला जाला।

बहुत लोगन के ई जानकारी ना रहेला कि PF खाता में अब तक कतना पईसा जमा भइल बा, कंपनी के ओर से नियमित जोगदान हो रहल बा कि ना आ अब तक केतना ब्याज मिलल बा। हालांकि, ई सब जानकारी अब मोबाइल से कुछे मिनट में आसानी से चेक कइल जा सकेला।

मोबाइल से PF बैलेंस कइसे चेक करीं?

रउआ आपन PF खाता के बैलेंस, ब्याज आ कंपनी के जोगदान के जानकारी EPFO पासबुक के माध्यम से ऑनलाइन देख सकेनी। एकरा खातिर सबसे पहिले EPFO के आधिकारिक पासबुक वेबसाइट पs लॉगिन करे के होई।

पहिला स्टेप

  • PF पासबुक चेक करे खातिर सबसे पहिले EPFO के आधिकारिक पासबुक वेबसाइट पर जाईं।
  • EPFO Passbook Login
  • वेबसाइट खुलला के बाद आपन UAN नंबर दर्ज करीं। एकरा बाद पासवर्ड भरीं।

दूसरा स्टेप

  • अब स्क्रीन पs देखाई देत कैप्चा कोड सही-सही दर्ज करीं। एकरा बाद Sign In बटन पs क्लिक करीं।
  • लॉगिन होखतही राउर PF पासबुक स्क्रीन पs खुल जाई। अब Passbook सेक्शन में जाके अपना खाता के जानकारी देख सकत बानी।

तीसरा स्टेप

पासबुक में रउआ आपन PF बैलेंस के जानकारी देख सकेनी। इहवां इहो भी पता चल जाई कि राउर खाता में अब तक कतना पईसा जमा भइल बा।

एकरा अलावे कंपनी हर महीना PF खाता में अपना हिस्सा जमा करत बिया कि ना, एकर जानकारियो पासबुक में मिल जाई। संगही, अब तक मिलल ब्याज के रकम के जानकारियो देखल जा सकेला।

एह तरीका से नौकरी करे वाला लोग आपन PF खाता के पूरा हिसाब मोबाइल से कुछे मिनट में चेक कर सकेला। नियमित रूप से PF पासबुक देखत रहला से खाता में होखे वाला जोगदान आ ब्याज के जानकारी अपडेट रूप में मिलत रहेला।

Read Also: Krishna Janmashtami 2026 : कब मनावल जाई श्रीकृष्ण जन्माष्टमी? जानीं तिथि, पूजा के सुभ मुहूर्त आ विधि

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]