सेंट्रल डेस्क। नेपाल में बाढ़ से मचल तबाही में करीब 700 लोगन के मौत हो चुकल बा। अभी ले अलग-अलग इलाकन में राहत आ बचाव टीम अभियान चलावत बाड़ी सs। हजारन लोग अभियो लापता बतावल जा रहल बा। एह बीच नेपाल में फेर से भयंकर बाढ़ के चेतावनी जारी कइल गइल बा।
पहिले तिब्बत के पहाड़ में बर्फ के एगो बड़ हिस्सा टूटला के बाद बाढ़ आइल रहे। पानी के संगे भारी मात्रा में मलबा आ बड़-बड़ चट्टान बह के आ गइली सs, जवना से भारी तबाही मचल रहे। अब फेर तिब्बत में अइसने हालात बनल बा। एकरा से दोबारा भारी मात्रा में पानी आ मलबा निचला इलाका में आ सकेला। एकर रास्ता में जवन कुछ आई, ओकरा के भारी नुकसान होखे के आशंका बा।
भोटेकोशी नदी के पानी बढ़ला से अलर्ट
नेपाल के नेशनल डिजास्टर रिस्क रिडक्शन एंड मैनेजमेंट अथॉरिटी (NDRRMA) लोगन के सतर्क करत कहलस कि रासुवा जिला प्रशासन कार्यालय के भोटेकोशी नदी में बाढ़ के बहाव तेज होखे के जानकारी मिलल बा।
NDRRMA सोशल मीडिया पोस्ट में कहलस कि नदी के आसपास के इलाका में रहे वाला लोग सावधानी बरते। रासुवा के अलावा नुवाकोट आ धाडिंग तक के इलाका में सतर्क रहे के अपील कइल गइल बा। प्राधिकरण कहलस कि आउर जानकारी मिलते आगे अपडेट दिहल जाई।
275 से जादे भारतीय अभियो लापता
बिदेस मंत्रालय के मोताबिक, एह भयानक बाढ़ के बाद 275 से जादे भारतीय नागरिक लापता बा लो। हालांकि 108 लोगन के रेस्क्यू कइल जा चुकल बा। भारतीय मूल के 128 लोग लापता बतावल गइल बा।
पिछिला दू दिन में 598 भारतीय नागरिक चीन से सुरक्षित रूप से नेपाल पहुंच चुकल बा। करीब 900 भारतीय अभियो चीन में बा लो, बाकिर ऊ लोग सुरक्षित बा आ ओह लोगन से संपर्क हो पा रहल बा।
रासुवा में एगो हाइड्रोपावर प्रोजेक्ट से चार भारतीय नागरिक रिपु कुमार, चनेश्वर नरजरी, कृपा शंकर आ मोहम्मद मिन्हाजुद्दीन के बचा लिहल गइल बा। उम्मेद बा कि ऊ लोग जल्दिये काठमांडू पहुंची। रासुवा बाढ़ से सबसे जादे प्रभावित इलाका में सामिल रहे।
भारत भेजलस राहत सामग्री के चउथा खेप
भारत सनिचर के भारतीय वायुसेना के C-130J मिलिट्री ट्रांसपोर्ट एयरक्राफ्ट से 11 टन राहत सामग्री के चउथा खेप नेपाल भेजलस। बिदेस मंत्री एस जयशंकर बतवलें कि विमान में सर्च आ रेस्क्यू ऑपरेशन खातिर जरूरी उपकरण के संगे एगो तकनीकी टीम भेजल गइल। एकरा अलावे DNA जांच खातिर फोरेंसिक विशेषज्ञन के टीम आ जरूरी उपकरण भेजल गइल बा। ई टीम बाढ़ में जान गंववले लोगन के शव के पहचान करे में नेपाली अधिकारियन के मदद करी।
एह बीच 230 फुट लमहर ‘सिंगल लेन मॉड्यूलर स्टील ब्रिज’ बनावे खातिर उपकरण लादल 16 ट्रक नेपाल पहुंच गइल बा। सात गो आउर बेली ब्रिज लगावे खातिर जरूरी सामान जल्दिये भेजल जाई। पुल बनावे खातिर तकनीकी टीम के जल्दिये नेपाल पहुंचे के उम्मीद बा। भारत अब तक नेपाल के कुल 68.5 टन राहत सामग्री भेज चुकल बा।
Read Also: Hing Ban : एवरेस्ट के हींग पs लागल बैन, लैब टेस्ट में घटिया निकलल सैंपल, FSSAI देलस चेतावनी






