[the_ad_group id="30365"]

PG फर्स्ट सेमेस्टर में 22-30 नवंबर तक होई नामांकन: JP यूनिवर्सिटी में अभ्यर्थी कs सकत बा लो अप्लाई, रिजल्ट में देरी के कारण देर से सुरू भइल नामांकन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जेपी यूनिवर्सिटी में पीजी फर्स्ट सेमेस्टर में सत्र 2022-24 में नामांकन खातिर 22 नवंबर से आवेदन सुरू होई। एकरा के लेके पीआरओ प्रो० हरिचंद्र बतवले कि प्रवेश परीक्षा में उत्तीर्ण सब अभ्यर्थी 22 नवंबर से जेपी यूनिवर्सिटी के वेब पोर्टल पs अप्लाई कs सकी लो। एकरा खातिर 30 नवंबर अंतिम तिथि निर्धारित कइल गइल बा।

आवेदन के समय अभ्यर्थियन के ग्रेजुएशन के तृतीय वर्ष के सर्टिफिकेट, अंक पत्र सहित जरूरी कागजात अपलोड करे के होई। आवेदन के पश्चात फॉर्म के स्क्रुटनी कइल जाई, ओकरा बाद दिसंबर के पहिला हफ्ता में मेघा सूची के प्रकाशन कइल जाई आ एडमिशन के प्रक्रिया सुरू हो जाई।

2022 से 24 के सत्र में हो रहल बा नामांकन

सत्र 2022 के पीजी सत्र जेपी यूनिवर्सिटी में डेढ़ साल पीछे चल रहल बा। वर्ष 2023 में 2022 के सत्र के अप्लाई के प्रक्रिया सुरू कइल गइल बा। सत्र 2019-22 के रिजल्ट देरी से आवे के  कारण सत्र 2022-24 के नामांकन के प्रक्रिया देर से सुरू भइल रहे।

इहो पढ़ीं : बाइक के तेल टंकी में छिपवले रहे शराब: गोपालगंज में पुलिस अइसे पकड़लस, एगो तस्कर गिरफ्तार

जेपी यूनिवर्सिटी से संबंध रखे वाला सीवान, छपरा आ गोपालगंज जिला के सब पीजी कॉलेज में नामांकन करावल जा सकत बा। राजेंद्र कॉलेज छपरा, रामजयपाल कॉलेज छपरा, जगदम कॉलेज छपरा, जेपीएम कॉलेज छपरा, नंदलाल सिंह कॉलेज दाउदपुर, डीएवी कॉलेज सीवान, नारायण कॉलेज गोरियाकोठी, जेडए इस्लामिया कॉलेज सीवान, कमला राय कॉलेज गोपालगंज, पीजी विभाग जेपी यूनिवर्सिटी मेन केंपस।

एह विभागन में नामांकन खातिर होई अप्लाई

पीयू के अंतर्गत पीजी में भौतिकी, रसायन शास्त्र गणित जूलॉजी, बॉटनी, हिंदी, अंग्रेजी, संस्कृत, उर्दू इतिहास, अर्थशास्त्र, मनोविज्ञान, दर्शनशास्त्र राजनीति विज्ञान, भूगोल वाणिज्य आ गृहविज्ञान विभाग में नामांकन खातिर अप्लाई होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]