[the_ad_group id="30365"]

छव गो हाई स्कूलन के रजिस्ट्रेशन हो सकत बा रद्द: सीवान में बिहार विद्यालय परीक्षा समिति के कार्रवाई, मांगल गइल स्पष्टिकरण

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

6 हाई स्कूलन के रजिस्ट्रेशन हो सकत बा रद्द: सीवान में बिहार विद्यालय परीक्षा समिति के कार्रवाई, मांगल गइल स्पष्टिकर

शिक्षा विभाग कावर से पूरा बिहार भर में राज्य स्तरीय विद्यालयन के जांच अभियान चलावल जा रहल बा। सीवान के कइयन गो अइसन विद्यालय बा जहां जांच में पावल गइल बा कि संसाधनन के अभाव बा। विधार्थियन के संसाधन के अभाव के कारण सही शिक्षा प्राप्त नइखे हो रहल।

पिछला सप्ताह शिक्षा विभाग कावर से नियुक्त पदाधिकारी अलग-अलग हाई स्कूल के निरीक्षण कइले रहस। विद्यालय में संसाधन के कमी आ छात्रन के उपस्थिति कम होखे के लेके स्पष्टीकरण मांगल गइल रहे।

शैक्षणिक गुणवत्ता सुनिश्चित करे खातिर उच्च न्यायालय के निरदेस पs सब निजी आ सरकारी हाई स्कूलन में निरीक्षण कइल जा रहल बा। लोगन के शिकायत मिलल रहे कि बहुते अइसन निजी हाई स्कूल बा। जहां बिहार विद्यालय परीक्षा समिति से रजिस्ट्रेशन प्राप्त कs लिहल गइल बा, ओह स्कूल में संसाधन के भारी कमी बा।

अइसन विद्यालय खाली कागजन पs चलत बा, लईकन के फॉर्म जमा करे खातिर स्कूल खुलत बा। क्लास एकदमे ना चलेला। शिकायतन के बाद समूचा जिला भर में शिक्षा विभाग के ओर से प्रति नियुक्त पदाधिकारी हाई स्कूलन के जांच तेज कs देले बाड़े। सीवान के 6 आउर हाई स्कूलन से स्पष्टीकरण मांगल गइल बा, जहां जांच में कमरा आ शिक्षक मानक के अनुरूप नइखे पावल गइल। स्कूल में प्रयोगशाला, पुस्तकालय कंप्यूटर लैब, कंप्यूटर के शिक्षक, शारीरिक शिक्षक नइखे पावल गइल।

जिला शिक्षा पदाधिकारी मिथिलेश कुमार बतवलें कि एह 6 हाई स्कूलन के बिहार विद्यालय परीक्षा समिति के जवाब देवे के होई।जदि सकारात्मक जवाब नइखे मिलत तs एह सब हाई स्कूलन के रजिस्ट्रेशन रद्द कs दिहल जाई।

जवना स्कूलन पs कार्रवाई कइल गइल बा, ओमे जय प्रकाश स्मारक उच्च विद्यालय पिपरा नारायण पचरुखी, जय प्रकाश ईश्वरी प्रसाद स्मारक उवि पिपरा पचरुखी, उवि जिगरावां महराजगंज, मां जगदंबे विष्णु प्रसाद उवि प्रेमहाता पचरुखी आ मौलवी इस्माइल मेमोरियल उर्दू उवि नबीगंज सामिल बा।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]