[the_ad_group id="30365"]

बाइक के तेल टंकी में छिपवले रहे शराब: गोपालगंज में पुलिस अइसे पकड़लस, एगो तस्कर गिरफ्तार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोपालगंज के कुचायकोट थाना क्षेत्र के बलथरी चेकपोस्ट पs उत्पाद विभाग के टीम वाहन जांच के दौरान एगो बाइक से भारी मात्रा में विदेशी शराब बरामद कइले बिया। संगही एगो तस्कर के गिरफ्तार कइले बिया। पुलिस गिरफ्तार तस्कर के खिलाफ उत्पाद अधिनियम के तहत ममिला दर्ज कs के कार्रवाई में जुट गइल बिया।

उत्पाद विभाग के टीम कुचायकोट थाना क्षेत्र के बलथरी चेकपोस्ट पs वाहन जांच के दौरान यूपी से गोपालगंज आ रहल एगो बाइक सवार के रोकके जब ओकर तलाशी लेलस तs शराब तस्कर के तरीका देख के दंग रह गइल।

तस्कर अपना बाइक के टंकी में विदेशी शराब के टेट्रा पैक एह कदर छिपाके रखले रहे, जवना के पकड़ पावल मुश्किल रहे, बाकिर तेल के टंकी के खोलके देखलस तs छिपाकर रखल गइल 47 पीस विदेशी शराब के टेट्रा पैक बरामद कइल। संगही एगो तस्कर जिला के थावे थाना क्षेत्र के गोपलामठ गांव निवासी शिव नाथ राम के 24 बरस के बेटा सुजीत कुमार के हिरासत में ले लेलस।

पूछताछ के बाद न्यायिक हिरासत में भेज दिहल गइल। उत्पाद अधीक्षक राकेश कुमार बतवलें कि शराब के खिलाफ हमनी अभियान लगातार जारी बा। बलथरी चेकपोस्ट से वाहन जांच के दौरान एगो तस्कर के गिरफ्तार कs के न्यायिक हिरासत में भेज दिहल गइल बा। संगही शराब आ बाइक बरामद कइल गइल रहे।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]