[the_ad_group id="30365"]

DDU में UG परीक्षा एमसीक्यू आ PG परीक्षा होई ऑब्जेक्टिव: परीक्षा समिति के मीटिंग में लिहल गइल कइयन गो अहम निर्णय, 25 अंक के होई प्रैक्टिकल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर यूनिवर्सिटी में बियफे के सांझ परीक्षा समिति के मीटिंग संपन्न भइल। VC प्रोफेसर पूनम टंडन के अध्यक्षता में एडी बिल्डिंग में भइल बैठक में यूनिवर्सिटी में होखे वाला एन्ड सेमेस्टर के परीक्षा के संबंध में कइयन गो महत्वपूर्ण निर्णय लिहल गइल। 15 दिसंबर से होखे वाला ऑड सेमेस्टर के एन्ड टर्म परीक्षान के प्रश्न पत्र के अप्रूवल दिहल गइल।

मीटिंग में ई निर्णय लिहल गइल कि ग्रेजुएशन की एन्ड सेमेस्टर परीक्षा के प्रश्न पत्र के ऑब्जेक्टिव टाइप (बहुविकल्पीय) रखल जाई। जबकि पोस्ट ग्रेजुएशन के पूरा पेपर डिस्क्रिप्टिव टॉइप वर्णात्मक होई। पोस्ट ग्रेजुएशन में 75 अंक के पेपर आई आ 25 अंक इंटरनल मूल्यांकन (प्रोजेक्ट-असाइनमेंट) से मिली। 75 अंक के पेपर में 3 अंक के 5 संक्षिप्त सवाल होई। एकरा बाद 5 अंक के 8 सवाल होई, जेमे से कवनो 4 के हल करे के होई। अंत में 20 अंक के 4 सवाल होई, जेमे 2 अटेंप्ट करे होई।

28 पेज के होई उत्तर पुस्तिका

जवाब लिखे खातिर दिहल जाये वाली उत्तर पुस्तिका अब 32 पेज के जगह 28 पेज के होई। ओहिजा ग्रेजुएशन के परीक्षा में 75 अंक के एमसीक्यू (बहुविकल्पीय) के कुल 50 सवाल होई। जेमे एगो सही जवाब पs 1.5 अंक मिली। एहू स्टूडेंट्स के 25 अंक के प्रोजेक्ट- असाइनमेंट जमा करे के होई।

स्टूडेंट्स के दिहल जाई जानकारी

मीटिंग में कुलपति प्रो. टंडन कहली कि प्रश्न पत्र के स्वरूप के बारे में स्टूडेंट्स के पूरा जानकारी दिहल जाई। एकरा संगही ऊ निरदेस देली कि ओएमआर शीट के सैंपल के वेबसाइट पs पोस्ट कइल जाव। जवना से छात्र परीक्षा में ओएमआर शीट भरे में गलती मत करे। पावल गइल बा कि बड़ संख्या में स्टूडेंट्स के परिणाम ओएमआर शीट गलत भरला के वजह से घोषित नइखे कइल जा सकत।

15 नवंबर से 15 दिसंबर तक होई प्रैक्टिकल

परीक्षा समिति के मीटिंग में निर्णय लिहल गइल कि ऑड सेमेस्टर के सब प्रैक्टिकल आ आंतरिक मूल्यांकन कराके अंकन के 15 नवंबर से 15 दिसंबर के बीच सब डिपार्टमेंट आ कॉलेज यूनिवर्सिटी के वेबसाइट पs अपलोड करी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]