Gorakhpur News : गोरखपुर में कार के ‘नो हेलमेट’ में चालान, मोबाइल पs मैसेज देख डॉक्टर रह गइलें हैरान

Share

गोरखपुर। यातायात पुलिस के ई-चालान बेवस्था के एगो अजीब ममिला सामने आइल बा। तारामंडल इलाका में रहे वाला एगो डॉक्टर के कार के ‘नो हेलमेट’ में चालान कट गइल।

मोबाइल पs मैसेज आवतही डॉक्टर खुद हैरान रह गइलें कि आखिर चार पहिया गाड़ी चलावे वाला हेलमेट ना पहिनला पs चालान कइसे हो सकेला। ममिला सामने अइला के बाद लोग यातायात पुलिस के कार्यप्रणाली पs सवाल उठा रहल बा।

तारामंडल निवासी डॉ. आरपी मौर्या संतकबीरनगर के सीएमओ कार्यालय में कार्यरत बाड़ें। 12 मई के सबेरे ऊ नौकायन रोड पs टहले गइल रहलें। करीब नव बजे ऊ कार से संतकबीरनगर खातिर रवाना भइलें।

सांझ के उनका मोबाइल पs ई-चालान के मैसेज आइल। जब ऊ मैसेज खोल के देखलें तs ओकरा में ‘नो हेलमेट’ नियम तोड़े के जिक्र रहे। चालान देख के ऊ दंग रह गइलेa, काहे कि भेजल गइल पीडीएफ में साफ तौर पs कार के फोटो रहे।

डॉ. आरपी मौर्या परिवहन विभाग के पोर्टल पs ऑनलाइन शिकायत दर्ज करा के चालान रद्द करे के मांग कइले बाड़ें। उनकर कहनाम बा कि जदि एह तरे के तकनीकी गलती भा लापरवाही से चालान कटे लागी तs लोग बेवजह परेसान होई।

ममिला सामने अइला के बाद लोग यातायात पुलिस के ई-चालान सिस्टम पs सवाल उठा रहल बा।

एह ममिला पs एसपी यातायात अमित श्रीवास्तव बतवलें कि तकनीकी गड़बड़ी भा डाटा फीडिंग में गलती के कारण अइसन भइल हो होई। ममिला के जांच करावल जा रहल बा। अगर गलती मिलल तs चालान रद्द कs दिहल जाई।

Read Also: NEET-UG : नीट के नया तारीख के एलान, अब 21 जून के देसभर में होई परीक्षा, पेपर लीक के आरोप के बाद भइल रहे रद्द

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-