NEET-UG : नीट के नया तारीख के एलान, अब 21 जून के देसभर में होई परीक्षा, पेपर लीक के आरोप के बाद भइल रहे रद्द

By Anurag Ranjan

Published on: May 15, 2026

सेंट्रल डेस्क। राष्ट्रीय परीक्षा एजेंसी माने एनटीए नीट-यूजी परीक्षा के नया तारीख के एलान कs देले बा। अब ई परीक्षा पूरा देस में 21 जून के आयोजित होई। एकरा से पहिले ई परीक्षा तीन मई

Share

सेंट्रल डेस्क। राष्ट्रीय परीक्षा एजेंसी माने एनटीए नीट-यूजी परीक्षा के नया तारीख के एलान कs देले बा। अब ई परीक्षा पूरा देस में 21 जून के आयोजित होई। एकरा से पहिले ई परीक्षा तीन मई के भइल रहे, बाकिर पेपर लीक के आशंका के चलते परीक्षा सवालन के घेरा में आ गइल रहे। अब एह ममिला के जांच सीबीआई के सउप दिहल गइल बा।

एनटीए पहिलही कहले रहे कि बहुत जल्दी परीक्षा के नया तारीख घोषित कइल जाई। एजेंसी साफ कइले बिया कि छात्र-छात्रा लोगन के दोबारा फीस देवे के जरूरत ना पड़ी। एह परीक्षा के माध्यम से मेडिकल कॉलेज में दाखिला मिलेला।

एनटीए का कहलस?

परीक्षा के नया तारीख घोषित करत एनटीए बतवलस कि केंद्र सरकार से मंजूरी मिलला के बाद नीट-यूजी 2026 के पुनः परीक्षा अतवार 21 जून 2026 के करावे के फैसला लिहल गइल बा। एजेंसी परीक्षार्थी आ अभिभावकन से अपील कइले बिया कि ऊ लोग खाली एनटीए के आधिकारिक सूचना पs भरोसा करे।

केंद्रीय शिक्षा मंत्री कइलें उच्च स्तरीय बैठक

एकरा से पहिले केंद्रीय शिक्षा मंत्री धर्मेंद्र प्रधान नीट-यूजी परीक्षा दोबारा करावे के मुद्दा पs एगो उच्च स्तरीय बैठक के अध्यक्षता कइले रहस। एह बैठक में शिक्षा मंत्रालय आ परीक्षा एजेंसी के कइयन गो वरिष्ठ अधिकारी सामिल रहे लोग।

बैठक के मकसद रहे कि रद्द भइल परीक्षा के फेर से पारदर्शी आ सुरक्षित तरीका से कइसे आयोजित कइल जावs, ताकि आगे कवनो तरह के गड़बड़ी ना होखे। सरकार चाहतिया कि मेहनत करे वाला छात्र-छात्रन के संगे कवनो अन्याय ना होखे।

छात्रन के मेहनत से ना होई समझौता

एनटीए के महानिदेशक अभिषेक सिंह कहले रहलें कि छात्रन के मेहनत से कवनो समझौता ना होखे दिहल जाई। उनका मुताबिक पेपर लीक माफिया के चलते लाखन ईमानदार छात्र प्रभावित भइल बा लोग।

ऊ कहलें कि भविष्य में अइसन घटना दोबारा ना होखे, एह खातिर मजबूत बेवस्था कइल जाई। संगही जवन छात्र भा अभिभावकन के लगे पेपर लीक से जुड़ल जानकारी बा, ऊ प्रशासन के जरूर जानकारी देवे लोग।

Read Also: 15 मई 2026 के राशिफल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.