NEET-UG Paper Leak 2026 : दिल्ली से शिक्षिका गिरफ्तार, छात्रन के लिखवावल गइल रहे सवाल

By Anurag Ranjan

Published on: May 16, 2026

नई दिल्ली। सीबीआई नीट यूजी 2026 परीक्षा के बायोलॉजी पेपर लीक ममिला में एगो  बड़ आरोपी के पहचान कs लेले बिया। जांच एजेंसी दिल्ली से महाराष्ट्र के पुणे निवासी वरिष्ठ बॉटनी शिक्षिका मनीषा गुरुनाथ मंडहरे

Share

Rajasthan SOG arrested an MBBS student from Gurugram in NEET UG 2026 paper leak case

नई दिल्ली। सीबीआई नीट यूजी 2026 परीक्षा के बायोलॉजी पेपर लीक ममिला में एगो  बड़ आरोपी के पहचान कs लेले बिया। जांच एजेंसी दिल्ली से महाराष्ट्र के पुणे निवासी वरिष्ठ बॉटनी शिक्षिका मनीषा गुरुनाथ मंडहरे के गिरफ्तार कइले बिया।

सीबीआई जांच में सामने आइल कि मनीषा मंडहरे के नेशनल टेस्टिंग एजेंसी माने एनटीए नीट यूजी परीक्षा प्रक्रिया में एक्सपर्ट के रूप में नियुक्त कइले रहे। उनका लगे बॉटनी आ जूलॉजी प्रश्नपत्र तक पूरा पहुंच रहे।

जांच एजेंसी के मोताबिक, अप्रिल 2026 में मनीषा मंडहरे पुणे के मनीषा वाघमरे के मदद से छात्रन के जुटवली आ अपना घर पs विशेष कोचिंग क्लास चलवली। एह क्लास में छात्रन के संभावित सवाल बतावल गइल, नोट्स लिखवावल गइल आ किताब में महत्वपूर्ण सवाल मार्क करवावल गइल।

असली पेपर से मिलल सवाल

सीबीआई के जांच में पता चलल कि जवन सवाल छात्रन के लिखवावल गइल रहे, उहे सवाल बाद में 3 मई 2026 के भइल नीट यूजी परीक्षा में पूछल गइल। एह खुलासा के बाद ममिला आउर गंभीर हो गइल बा।

कइयन जगह छापेमारी

सीबीआई पिछिला 24 घंटा में देसभर के 6 जगह पs छापेमारी कइले बिया। एह दौरान कइयन गो महत्वपूर्ण दस्तावेज, लैपटॉप, मोबाइल फोन आ बैंक स्टेटमेंट बरामद भइल बा। जांच एजेंसी जब्त सामान के गहराई से जांच करत बिया।

अब तक 9 आरोपी गिरफ्तार

सीबीआई एह ममिला में अब तक दिल्ली, जयपुर, गुरुग्राम, नासिक, पुणे आ अहिल्यानगर से कुल 9 आरोपी के गिरफ्तार कs चुकल बिया। पांच आरोपी के कोर्ट 7 दिन के पुलिस रिमांड पs भेजले बिया।

जांच एजेंसियन के कहनाम बा कि पेपर लीक के असली स्रोत आ छात्रन तक सवाल पहुंचावे वाला कइयन गो बिचौलियन के पहचान हो चुकल बा। छात्रन से लाखन रुपिया लेके ओह लोगन के विशेष क्लास में बोलावल जात रहे, जहां परीक्षा में आवे वाला सवाल बतावल जात रहे।

सीबीआई भरोसा देले बिया कि पूरा ममिला के निष्पक्ष आ पेशेवर तरीका से जांच जारी रही।

Read Also: Gorakhpur News : गोरखपुर में कार के ‘नो हेलमेट’ में चालान, मोबाइल पs मैसेज देख डॉक्टर रह गइलें हैरान

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.