Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Adipurush के बदलल डायलॉग, अब ‘जलेगी तेरे बाप की’ नाहीं बोलीहें ‘हनुमान जी’

1,317

 

“कपड़ा तेरे बाप का, तेल तेरे बाप का, आग भी तेरे बाप की, जलेगी भी तेरे बाप की…” फिल्म “आदिपुरुष” के ई संवाद अब बदल गइल बा।

फिल्म ‘आदिपुरुष’ एह घरी बहुते खबरन में बा। प्रशंसक एह फिलिम के देखे खातिर बहुत दिन से इंतजार करत रहले बाकिर फिलिम रिलीज होखते प्रशंसकन के सगरी उत्साह खतम हो गइल। एह फिलिम के बहुते विरोध होखत बा। एह फिलिम के वीएफएक्स के साथे कलाकारन आ संवाद भी पसंद नइखे होखत। लोग एह फिलिम के लेखक मनोज मुंतशिर पs आपन नाराजगी उतारत बा। एही कारण से एह फिलिम के संवाद बदले के फैसला भइल। अब ऊ बदल गइल बा। आई बतावत बानी कि कवन-कवन संवाद बदलल बा।

डायलॉग बदलल गइल

बता दी की जब मेघनाद हनुमान जी के पूंछ में आग लगा के हनुमान जी से पूछेले कि जरल बा कि ना। एकरा जवाब में हनुमान जी मेघनाद से कहतारे- ‘कपड़ा तेरे बाप का, तेल तेरे बाप का, आग भी तेरे बाप की, जलेगी भी तेरे बाप की।’ अब एह संवाद में कुछ अइसने बदलाव हो गइल बा. ‘कपड़ा तेरी लंका का, तेल तेरी लंका का, आग भी तेरी लंका की, जलेगी भी तेरी लंका ही।’ ‘आदिपुरुष’ के मेकर्स वादा के मुताबिक कईले बाड़े। अब देखे के पड़ी कि प्रशंसकन के ई संवाद पसंद बा कि ना।

 

 

 

573840cookie-checkAdipurush के बदलल डायलॉग, अब ‘जलेगी तेरे बाप की’ नाहीं बोलीहें ‘हनुमान जी’

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.