भोजपुर में सड़क किनारे मिलल युवक के डेड बॉडी,बवाल के बाद आरा-सहार मेन रोड जाम

Share

बिहार के भोजपुर जिला में सड़क के किनारे एगो युवक के लाश मिलल बा। नारायणपुर थाना क्षेत्र के वरुणा-नूनूर ग्रामीण सड़क के किनारे एगो युवक के लाश मिलल। बतावल जाता कि मरेवाला थाना क्षेत्र के वरुणा गांव के निवासी 30 साल के राकेश कुमार बतावल जाता।

बिहार के भोजपुर जिला में सड़क के किनारे एगो युवक के लाश मिलल बा। नारायणपुर थाना क्षेत्र के वरुणा-नूनूर ग्रामीण सड़क के किनारे एगो युवक के लाश मिलल। बतावल जाता कि मरेवाला थाना क्षेत्र के वरुणा गांव के निवासी 30 साल के राकेश कुमार बतावल जाता। आशंका बा कि लाश के हत्या कऽ के सड़क के किनारा फेंक दिहल गइल। हालांकि आरा के नारायणपुर में एगो युवक के लाश मिलला के बाद लोग आपन अटकलबाजी करतारे। मरेवाला के नाक अउरी मुंह से खून निकलल अउरी गर्दन पऽ करिया करिया निशान के चलते अटकलबाजी होखता कि ओकरा के पीट-पीट के गला रेत के हत्या कऽ दिहल गइल। नाराज गाँव के लोग वरुणा चौक पऽ आरा-सहर मेन रोड जाम कर दिहले बा।

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-