20 साल के गुरफान सलमान खान के दिहलस जान से मारे के धमकी, गिरफ्तार आरोपी के जानीं पूरा डिटेल

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 29, 2024

    बॉलीवुड अभिनेता सलमान खान के एक बेर फेरु जान से मारे के धमकी मिलल बा. ई धमकी बाबा सिद्दीकी के बेटा ज़ीशान सिद्दीकी के फोन पs दिहल गइल बा. सलमान के संगे ज़ीशान

Share

सलमान खान के जान से मारे के धमकी

 

 

बॉलीवुड अभिनेता सलमान खान के एक बेर फेरु जान से मारे के धमकी मिलल बा. ई धमकी बाबा सिद्दीकी के बेटा ज़ीशान सिद्दीकी के फोन पs दिहल गइल बा. सलमान के संगे ज़ीशान सिद्दीकी के भी मारे के कहल गईल बा। पईसा के भी मांग कईल गईल। धमकी देवे वाला के नोएडा से गिरफ्तार कs लिहल गईल बा।

गुरफान खान यूपी के बरेली के रहे वाला हउवें

मुंबई पुलिस टीम नोएडा के सेक्टर 39 से गुरफान खान उर्फ ​​मोहम्मद तैयब के गिरफ्तार कs लेले बिया। गुरफान खान उर्फ ​​मोहम्मद तैयब जे बरेली, यूपी के निवासी हवें। उहे ज़ीशान सिद्दीकी के ऑफिस में फोन कs के जान से मारे के धमकी देले रहे।

पहिले दिल्ली में बढ़ई के काम करत रहल

बतावल जाता कि गिरफ्तार आरोपी फिलहाल दिल्ली में रहत रहले। दिल्ली में बढ़ई के काम करेला। हालांकि आरोपी गुरफान के नोएडा से गिरफ्तार कs लिहल गईल बा। गिरफ्तारी से कुछ समय पहिले मुंबई पुलिस नोएडा पुलिस के सूचना देले रहे। एकरा बाद संयुक्त कार्रवाई में उनुका के नोएडा सेक्टर 39 से पकड़ल गईल। अब पुलिस उनुका बाकी साथी अवुरी गिरोह के बारे में पूछताछ करतिया। एकरा अलावे उनुकर मोबाइल फोन भी जब्त कs लिहल गईल बा।

पईसा के मांग कईलस

आरोप गुरफान खान सलमान खान के जान से मारे के धमकी देले रहले अवुरी ज़ीशान सिद्दीकी के भी फोन कs के पईसा के मांग कईले रहले। आरोपी पईसा ना दिहला पs ओकरा के मारे के बात कईले रहले। अब मुंबई पुलिस के टीम ट्रांजिट रिमांड पs लेके नोएडा से मुंबई खातिर रवाना हो गइल बा.

बाबा सिद्दीकी के हत्या के जिम्मेदारी लॉरेंस बिश्नोई गिरोह लिहलस

बता दीं कि ज़ीशान सिद्दीकी एनसीपी नेता बाबा सिद्दीकी के बेटा हउवन. बाबा सिद्दीकी के एह महीना के बारह तारीख के गोली मार के हत्या क दिहल गईल रहे। बाबा सिद्दीकी के हत्या के जिम्मेवारी लॉरेंस बिश्नोई गिरोह लेले रहे।

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.