Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

आजम खां के खिलाफ दर्ज नफरती भाषण के मुकदमा में दरोगा दिहलें गवाही, पांच जनवरी के होई अगिला सुनवाई

454

नफरती भाषण देवे के आरोप में सपा नेता आजम खां के खिलाफ शहजादनगर थाना में दर्ज मुकदमा के सुनवाई मंगर के कोर्ट में भइल। मुकदमा के गवाह दरोगा अनुराग चौधरी अपने बयान दर्ज करवलें। उनके गवाही पूरा हो गइल बा। अब एह मामिला में सुनवाई खातिर कोर्ट 05 जनवरी के तिथि तय कइल गइल बा।

2019 के लोकसभा चुनाव के दौरान आजम खां शहजादनगर थाना क्षेत्र गांव धमोरा में एगो जनसभा के संबोधित कइले रहनें। आजम खां के भाषण के एगो वीडियो वायरल भइल रहे। जेकरे आधार पर वीडियो अवलोकन टीम के प्रभारी अनिल चौहान शहजादनगर थाना में नफरती भाषण देवे के आरोप में मुकदमा दर्ज करावल गइल। एह मामिला के सुनवाई एमपी-एमएलए कोर्ट मजिस्टेट ट्रायल में चल रहल बा। आजम खां एह मामिला में जमानत पर बा।

एह मुकदमा के गवाह दरोगा अनुराग चौधरी कोर्ट में आपन बयान दर्ज करवलें। आजम खां के वकील उनसे जिरह कइलें। उनकर गवाही पूरा हो गइल बा। अभियोजन अधिकारी अमरनाथ तिवारी बतवलें कि उनके ओर से कोर्ट में सात गवाह पेश कइल गइल बानें। अभियोजन के गवाही पूरा हो गइल बा। अब 05 जनवरी के बचाव पक्ष के आपन गवाही पेश करे के बा।

431000cookie-checkआजम खां के खिलाफ दर्ज नफरती भाषण के मुकदमा में दरोगा दिहलें गवाही, पांच जनवरी के होई अगिला सुनवाई

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.