बिहार में क्राइम कंट्रोल करेके ले के DGP कs रहल बानें मीटिंग; IG, DIG अउर SP मौजूद

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 21, 2022

बिहार में क्राइम कंट्रोल अउर कानून व्यवस्था के बनावल रखले खातिर नयका DGP राजविंदर सिंह भट्टी आजु पुलिस डिपार्टमेंट के पहिले मीटिंग ले रहल बानें। ई मीटिंग कई मायने में बहुत महत्वपूर्ण बा। काहेसेकि, एह

Share

बिहार में क्राइम कंट्रोल अउर कानून व्यवस्था के बनावल रखले खातिर नयका DGP राजविंदर सिंह भट्टी आजु पुलिस डिपार्टमेंट के पहिले मीटिंग ले रहल बानें। ई मीटिंग कई मायने में बहुत महत्वपूर्ण बा। काहेसेकि, एह मीटिंग में मुख्यालय में पोस्टेड सिर्फ सीनियर पुलिस अधिकारी ही नाइ, बलुक, सब रेंज के IG, DIG, सब जिला के SSP/SP, सब SDPO के संगे-संगे राज्य के सब थानेदारन अउर आउटपोस्ट के प्रभारियन के शामिल कइल गइल।

एह सब लोग के पुलिस मुख्यालय के तरफ से मीटिंग से जुड़े खातिर एगो लिंक भेजल गइल बा। अइसन व्यवस्था पहिला बेर भइल बा। उम्मीद कइल जा रहल बा कि एह मीटिंग में DGP के तरफ से बेहतर पुलिसिंग खातिर कई महत्वपूर्ण दिशा-निर्देश दिहल जाई। साथही काम में लापरवाही बरते वालन के सम्हरे के सख्त हिदायतो दिहलें। ई मीटिंग करीब 2 घंटा के होई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.