[the_ad_group id="30365"]

पुरी के जगन्नाथ मंदिर के चारदीवारी में पड़ल दरार 

जगन्नाथ मंदिर के बाउंड्री वॉल में दरार
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

विश्व प्रसिद्ध जगन्नाथ मंदिर के बाउंड्री वॉल में दरार लउकल बा। अब ओडिशा सरकार एकरा के ठीक करे खातीर भारतीय पुरातत्व सर्वेक्षण (एएसआई) से मदद मंगले बिया। जानकारी के मुताबिक पुरी के श्री जगन्नाथ मंदिर के घेरले विशाल दीवार ‘मेघनाद पाचेरी’ में बहुत दरार देखाई देले बा। अब 12वीं सदी के एह मंदिर के सुरक्षा के लेके चिंता पैदा हो गईल बा। मंदिर के सेवक लोग चिंता जतवले बा कि आनंदबाजार से आवे वाला गंदा पानी ओकरा परिसर के भीतर के एs दरार से रिस रहल बा। संगही, देवाल के कुछ हिस्सा पs काई जमा होखे लागल बा.

पानी के रिसाव जवन बहुत दिन से होत बा 

मंदिर के एगो सेवक बतवले कि मेघनाद पाचेरी से बहुत दिन से पानी लीक होखता, बाकिर प्रशासन अबे ले कवनो मरम्मत नईखे कईले। मंदिर के चारो ओर के देवाल पs देखाई देवे वाला दरार पs सेवादार के संगे भक्त लोग चिंता जतवले बाड़े अवुरी तुरंत मरम्मत के काम के जरूरत पs जोर देले बाड़े।

मंदिर प्रशासन सुरक्षा के लेके चिंतित

बारहवीं सदी के मंदिर के सुरक्षा से चिंतित श्री जगन्नाथ मंदिर प्रशासन एएसआई से देवाल पs जरूरी संरक्षण के काम करे के निहोरा कईले बा। एसजेटीए के मुख्य प्रशासक अरबिंद पाढ़ी अतवार के कहले कि, हमनी के मेघनाद पचेरी के सुरक्षा के चिंता बा। “एएसआई के अधिकारी अवुरी हमनी के तकनीकी टीम सीमा दीवार के निरीक्षण कs चुकल बिया, अवुरी हमनी के उम्मेद बा कि एएसआई जल्दिए जरूरी मरम्मत के काम पूरा कs दिही।”

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]