IPL 2026 Final : आरसीबी लगातार दूसरका बेर बनल चैंपियन, गुजरात टाइटंस के 5 विकेट से हरवलस

IPL 2026 Final

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु (RCB) फेर एक बेर आईपीएल में आपन दबदबा साबित करत लगातार दूसरका बेर ट्रॉफी जीत लेलस। अहमदाबाद के नरेंद्र मोदी स्टेडियम में खेलल गइल आईपीएल 2026 के फाइनल मुकाबला में आरसीबी, गुजरात टाइटंस (GT) के 5 विकेट से हराके इतिहास रच देलस। विराट कोहली के सानदार अर्धशतकीय पारी एह जीत के सबसे बड़ आधार बनल।

गुजरात टाइटंस 155 रन बना सकल

टॉस जीत के आरसीबी के कप्तान रजत पाटीदार पहिले गेंदबाजी करे के फैसला कइलें। टीम के गेंदबाज कप्तान के भरोसा पs खरा उतरत गुजरात टाइटंस के 20 ओवर में 8 विकेट पs खाली 155 रन बनावे दिहल।

जोश हेजलवुड (2 विकेट) आ भुवनेश्वर कुमार (2 विकेट) सानदार गेंदबाजी कइल लोग। धीमा पिच पs गुजरात के बल्लेबाज खुल के रन ना बना सकल लोग। वाशिंगटन सुंदर अकेले संघर्ष करत 37 गेना में 50 रन के पारी खेललें, बाकिर दूसरका छोर से उनकरा सहजोग ना मिलल।

फाइनल में ना चलल गिल आ सुदर्शन के बल्ला

पूरा सीजन धूम मचावे वाला शुभमन गिल आ साई सुदर्शन फाइनल में फ्लॉप साबित भइल लोग। गिल 10 रन बनाके आउट हो गइलें, जबकि सुदर्शन 12 रन पs पवेलियन लौट गइलें।

दूनो सलामी बल्लेबाजन के जल्दी आउट होखला से गुजरात के पारी दबाव में आ गइल। जोस बटलरो बड़ स्कोर ना बना सकलें, जवना के चलते टीम खाली 155 रन तक पहुंच सकल।

आरसीबी के धमाकेदार शुरुआत

156 रन के लक्ष्य के पीछा करे उतरल आरसीबी के सुरुआत जबरदस्त रहल। विराट कोहली आ वेंकटेश अय्यर तेजी से रन बनावत टीम के मजबूत सुरुआत दिहल लोग। दूनो बल्लेबाज पहिला विकेट खातिर 62 रन जोड़ल।

वेंकटेश अय्यर 32 रन बनाके आउट भइलें। ओकरा बाद देवदत्त पडिक्कल जल्दिये आउट हो गइलें, बाकिर विराट कोहली एक छोर पs डटल रहलें।

राशिद खान करवले मुकाबला में वापसी

गुजरात खातिर राशिद खान सानदार गेंदबाजी करत रजत पाटीदार आ क्रुणाल पांड्या के आउट क देलें। एकरा से कुछ समय खातिर मुकाबला रोमांचक बन गइल। बाकिर विराट कोहली के अनुभव गुजरात पs भारी पड़ल।

IPL 2026 Final
75 रन के साानदार पारी के दौरान शॉट खेलत विराट कोहली

विराट कोहली फाइनल मुकाबला में जबरदस्त बल्लेबाजी करत महज 25 गेना में अर्धशतक पूरा कइलें। ऊ 42 गेना पs नाबाद 75 रन बनवलें, जवना में कइयन गो सानदार चौका-छक्का सामिल रहे।

लगातार दूसरका बेर चैंपियन बनल आरसीबी

आरसीबी 18 ओवर में पांच विकेट खोके लक्ष्य हासिल कs लेलस आ लगातार दूसरका बेर आईपीएल ट्रॉफी जीत के इतिहास रच देलस।

एह जीत के संगे आरसीबी आईपीएल इतिहास के ओह चुनिंदा टीमन में सामिल हो गइल जवन लगातार दू सीजन में खिताब जीते में सफल भइल बाड़ी सs। एकरा से पहिले चेन्नई सुपर किंग्स (2010-11) आ मुंबई इंडियंस (2019-20) ई कारनामा कs चुकल बिया।

Read Also: 01 जून 2026 के राशिफल

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-