[the_ad_group id="30365"]

शारदा सिन्हा के हालत बिगड़ल, आईसीयू में शिफ्ट कइल गइल: ऑक्सीजन लेवल कम हो रहल बा, दिल्ली AIIMS में 10 दिन से चल रहल बा इलाज

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिल्ली AIIMS में भर्ती लोक गायिका शारदा सिन्हा के ICU में भरती कइल गइल बा। तीन नवंबर के उनका के प्राइवेट वार्ड में शिफ्ट कइल गइल रहे। उनकर ऑक्सीजन लेवल कम हो रहल बा, जवना कारण उनका के प्राइवेट वार्ड से ICU में शिफ्ट कइल गइल बा।

दरअसल, पिछला 10 दिनन से शारदा सिन्हा दिल्ली एम्स में भरती बाड़ी। तबीयत जादे बिगड़ला पs उनका के मेडिकल आंकोलॉजी वार्ड में भरती करावल गइल रहे। उनका बहुत समय से खाये-पीये में दिक्कत होत रहे, जवना खातिर उनकर इलाजो चलत रहे। 26 अक्टूबर के सबेरे उनकर तबीयत बहुत जादे खराब हो गइल रहे।

छठ से पहिले रिलीज भइल नया गाना

दिल्ली AIIMS में भरती लोक गायिका शारदा सिन्हा के छठ पूजा से पहिले नया गाना लेबवीडियो जारी भइल बा। उनकर ऑफिशियल यूट्यूब चैनल से वीडियो के रिलीज कइल गइल बा। गाना के बोल बा…’दुखवा मिटाईं छठी मइया….रउए आसरा हमार…सबके पुरवेली मनसा…हमरो सुनलीं पुकार।’ पांच दिन पहिले एकर ऑडियो जारी भइल रहे।

मां खातिर दुआ करीं- अंशुमन

उनकर बेटा अंशुमन अपना फेसबुक पs एगो पोस्ट शेयर कइले बाड़ें। जेमे ऊ लिखले बाड़ें, ‘मां के स्वास्थ्य संबंधी लड़ाई जारी बा। हम एगो छोट प्रयास कs के मां के नया छठ गीत ‘दुखवा मिटाईं छठी मइया’ के एगो वीडियो पोस्ट कs रहल बा। ऑडियो रिलीज होखला के बाद एम्स परिसर में आपन लैपटॉप आ मोबाइल डाटा के मदद से मां के पुरान सुंदर स्मृतियन के एगो गुच्छा के छठ महापरब के मनोरम छटा के संगे समागम कs के एह वीडियो के हम बनवले बानी।

आशा करता बानी कि रउआ सभे हमरा के आपन आसिरबाद जरूर देम। निहोरा इहे बा कि वीडियो देखके जदी केहू के अंगूरी भा हाथ उठे तs ऊ बस मां खातिर दुआ में उठे। उनका जीवंत होखे के प्रार्थना में उठे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]