[the_ad_group id="30365"]

सीवान : भाकपा माले निकाली विशाल रैली 29 जनवरी के; सामिल होइहें माले के राष्ट्रीय महासचिव दीपांकर भट्टाचार्य 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

29 जनवरी के भाकपा माले के राष्ट्रीय महासचिव दीपांकर भट्टाचार्य सीवान पहुंचिहें। एकर जानकारी भाकपा माले के जिला सचिव हंसनाथ राम देलें। बतवलें कि 29 जनवरी के सीवान में दीपांकर भट्टाचार्य के नेतृत्व में सीवान में विशाल पैदल रैलल निकालल जाई। ई रैली नरेंद्रपुर में इस्थित शहीद उमाकांत सिंह के प्रतिमा से सुरू होके स्वतंत्रता सेनानी मौलाना मजहरूल हक के पैतृक गांव फरीदपुर तक जाई। लगभग 10 किलोमीटर तक ई रैली निकालल जाई।

आगे जानकारी देत बतवलें कि बिहार के पूर्व मुख्यमंत्री कर्पूरी ठाकुर के जयंती 24 जनवरी से लेके महात्मा गांधी के शहादत दिवस 30 जनवरी के बीच पूरा बिहार भर में कार्यक्रम आयोजित कइल जा रहल बा। एही के तहत सीवान में कार्यक्रम आयोजित कइल गइल बा। एकरा पहिले जिला के अलग-अलग प्रखंडन के मिलाके एगो विशाल कैडर कन्वेंशन आयोजित कइल जाई।

ऊ कहलें कि जगह-जगह पS पार्टी के लोगन के परेसान कइल जा रहल बा आ उनका के प्रताड़ित कइल जा रहल। बा। संगही मजदूर आ दबल कुचल वर्जन के लोगन के आउर कुचलल जा रहल बा। ई पार्टी कबो ना सही आ एह लोगन खातिर आवाज हमेसा बुलंद रखी।

बता दीं की पार्टी कावर से 29 जनवरी के आयोजित होखे वाला कार्यक्रम खातिर सारा तइयारी सुरू कs दिहल गइल बा। जगह-जगह पs छोट-बड़ कार्यक्रम कs के जादे से जादे लोगन के 29 जनवरी के सामिल होखे खातिर नेता लोगन के ओर से अपीलो कइल जा रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]