तीन घंटा से जादे लेट होखे वाली उड़ान के कइल जा सकत बा रद्द, DGCA खराब मौसम खातिर नया एसओपी जारी कइलस

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 16, 2024

नागरिक उड्डयन महानिदेशालय (डीजीसीए) घना कोहरा आ खराब मौसम इस्थिति के धेयान में रखत सोमार के नया एसओपी (मानक संचालन प्रक्रिया) जारी कइलें। एमे कहल गइल बा कि एयरलाइंस अइसन उड़ानन के पर्याप्त समय से

Share

मुंबई एयरपोर्ट: फोटो

नागरिक उड्डयन महानिदेशालय (डीजीसीए) घना कोहरा आ खराब मौसम इस्थिति के धेयान में रखत सोमार के नया एसओपी (मानक संचालन प्रक्रिया) जारी कइलें। एमे कहल गइल बा कि एयरलाइंस अइसन उड़ानन के पर्याप्त समय से पहिलही रद्द कs सकत बिया। जवना के तीन भा एकरा से जादे लेट होखे के संभावना बा। एसे यात्रियन के होखे वाली असुविधा से बचल जा सकी।

एसे ना खाली यात्रियन के होखे वाला असुविधा से बचल जा सकी बलूक अइसन सूरत में हवाई अड्डा पs भीड़भाड़ के कमो करे मे मदद मिली। डीजीसीए यात्रियन खातिर बेहतर सुविधा, एयरलाइंस आ यात्रियन के बीच बेहतर संचार खातिर ई कदम उठवले बा। कोहरा के वजह से अतवार-सोमार के बड़ संख्या में उड़ानन में देरी भा ओकरा रद्द होखे आ यात्रियन के होखे वाली परेसानी के मद्देनजर ई एसओपी जारी कइल गइल।

उड़ानन में देरी के सटीक जानकारी देवे के होई 

डीजीसीए कहले बा कि एयरलाइंस के अपना उड़ानन में देरी के संबंध में सटीक आ वास्तविक समय के जानकारी देवे के होई। ई सूचना एयरलाइन के संबंधित वेबसाइट पs डालल जाई। एकरा अलावे विमानन कंपनियन के एसएमएस, वाट्सएप आ ईमेल के माध्यम से प्रभावित यात्रियन के एकर पहिले सूचना देवे के होई।

कर्मचारियन के आपन बेवहार संयंमित रखे के होई 

हवाई अड्डन पs कोहरा से प्रभावित उड़ानन के संबंध में यात्रियन के सही से जानकारी देवे खातिर हवाई अड्डन पs कर्मचारियन के आपन बेवहार संयंमित रखे के होई। एकरा संगही विमान कंपनियन के टिकटन पs सिविल एविएशन रिक्वायरमेंट (सीएआर) के बारे में जानकारी प्रकाशित करे खातिर कहल गइल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.