[the_ad_group id="30365"]

Ram Mandir के प्राण प्रतिष्ठा समारोह से कांग्रेस ना इहो पार्टी बनवली सs दूरी, पढ़ी के का कहलस 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

jiRam Mandir News : राम मंदिर के प्राण प्रतिष्ठा समारोह के एक ओर जहां समूचा देस इंतजार कs रहल बा तs, ओहिजा दूसरका ओर एह पs राजनीतियो चरम पs हो रहल बा। बीतल दिन कांग्रेस पार्टी एह कार्यक्रम में सामिल न होखे के बात कहले बिया, जवना के बाद भाजपा हमलावर रुख अपना लेले बिया।

बता दीं कि राम मंदिर समारोह में खाली कांग्रेसे ना, कइयन गो आउर पार्टी सामिल होखे से मना कइले बाड़ी सs।

राम मंदिर कार्यक्रम में सामिल ना होई कांग्रेस 

कांग्रेस पार्टी के अध्यक्ष मल्लिकार्जुन खरगे आ सोनिया गांधी बीतल दिन राम मंदिर के प्राण प्रतिष्ठा समारोह के निमंत्रण के अस्वीकार करत कहल लो कि ई भाजपा आ आरएसएस के इवेंट हs। एकरा के लेकर खुद अब कांग्रेस पार्टी में विरोध बढ़ गइल बा।

कांग्रेस नेता आचार्य प्रमोद निमंत्रण के ठुकरवला के बहुते दुर्भाग्यपूर्ण आ आत्मघाती फैसला बतावत बा। ऊ कहलें कि पार्टी के एह फैसला से हमार दिल टूट गइल बा। ओहिजा, गुजरात के कांग्रेस विधायक अर्जुन मोढवाडिया एह पs नाराजगी जाहिर कइले बा लो।

शिवसेना (यूबीटी) कs चुकल बिया मना

शिवसेना (यूबीटी) राम मंदिर समारोह में सामिल ना होखे के की बात कह चुकल बा। शिवसेना नेता संजय राउत कहलें कि पार्टी के कवनो नेता एमे सामिल ना होई लो। राउत कहलें कि ई भाजपा के कार्यक्रम हs आ एमे हमनी के कवनो कार्यकर्ता सामिल ना होई।

सीपीएम आ ममता के पार्टियों कइलस किनारा

सीपीएम राम मंदिर कार्यक्रम से किनारा कइले बिया। सीपीएम नेता वृंदा करात आ सीताराम येचुरी एकरा के धरम के बढ़ावा देवे के कार्यक्रम बतवले बा लो। ओहिजा, ममता बनर्जी के एह समारोह में सामिल होखल मुश्किल लागत बा। एकरा के लेके ऊ अपना पार्टी के नेता लोगन के संकेत दे चुकल बाड़ी।

अखिलेश देलें ई बयान

अखिलेशो एह कार्यक्रम में सामिल होत नइखन दिखत। दरअसल, विश्व हिंदू परिषद के तरफ से आलोक कुमार अखिलेश के निमंत्रण देवे गइल रहस, बाकिर ऊ  एकरा के स्वीकार ना कइले आ कहलें कि हम जेकरा के जानेनी ना ओकरा के निमंत्रण नइखे लेत।

हालांकि, अखिलेश आगे कहलें कि हमनी के आराध्य प्रभु श्रीराम आ रहल बानी आ जब ऊ बुलइहे हम जाएम।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]