Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Covid-19: कोरोना बढ़वलस चिंता, देश में सक्रिय मरीजन के संख्या 1.28 लाख के पार, 42 लोग के मौत

4,455

देश में सक्रिय कोरोना मरीजन के संख्या बढ़ला से एक बेर फेर जनता के चिंता बढ़ गइल बा। स्वास्थ्य मंत्रालय के ओर से अतवार (10 जुलाई) के जारी आंकड़न के मोताबिक देश में सक्रिय मरीज के संख्या बढ़ के 1,28,690 हो गईल बा, जवन कि काल्ह के मुक़ाबले तीन हजार जादा बा। एकरा संगे-संगे पछिला 24 घंटा में कोरोना के 18,257 केस मिलल बा अउरी एह दौरान 42 मरीजन के जान गईल। कोरोना महामारी के सुरुआत के बाद से कुल 52,5,428 लोग के मौत हो चुकल बा।

दिल्ली में कोरोना के केस

दिल्ली के स्वास्थ विभाग के आंकड़ा के मोताबिक पछिला 24 घंटा में कुल 544 मरीज मिलल बाड़े आ दु मरीज के मौत हो चुकल बा। दिल्ली के स्वास्थ विभाग के मोताबिक, लगातार तीसरा दिन दिल्ली में 500 से 600 के बीच संक्रमण के मामला सामने आईल बा। एकरा संगे दिल्ली में 2264 एक्टिव मरीज बा लो। एहमें से 1595 मरीज घर में आइसोलेशन में बा लो। एह घरी शहर में 316 गो कंटेनमेंट जोन बा। दिल्ली में ओमिक्रोन के अधिका संक्रामक उप-रूप बीए-4 आ बीए-5 के ममिला सामने आइल बा। बाकिर विशेषज्ञन के कहनाम बा कि घबरइला के जरूरत नइखे काहेकि उपस्वरूप होखला के चलते गंभीर संक्रमण नइखे होत।

महाराष्ट्र में पिछला 24 घण्टे में 2760 केस

महाराष्ट्र में पिछला 24 घंटा में कोरोना के 2760 केस मिलल आ 5 लोग के मौत हो गइल। राज्य में कुल संक्रमित के संख्या बढ़ के 80,01,433 हो गइल बा आ मरे वालन के संख्या बढ़ के 1,47,976 हो गइल बा। स्वास्थ विभाग के मोताबिक राज्य में 78,34,785 लोग संक्रमण मुक्त हो गईल बा। महाराष्ट्र में फिलहाल 18,672 मरीज बा लो।

बंगाल में कोरोना संकट

पश्चिम बंगाल में कोरोना के मामला में तेजी से बढ़ोतरी होखता। पिछला 24 घंटा में कोरोना के 2968 केस मिलल बा। स्वास्थ विभाग के कहनाम बा कि 9-9 जिला में 100 से जादा संक्रमण के ममिला बा। राज्य में संक्रमित  मरीजन के संख्या बढ़ के 20,48,749 हो गइल बा, जबकि तीन गो अउरी मौत के संगे मरेवाला लोगन के संख्या 21,239 हो गइल बा। उत्तर 24 परगना जिला में 743 नया केस मिलल बा, कोलकाता 742 आ हुगली में 143 गो ताजा संक्रमण मिलल बा।

290450cookie-checkCovid-19: कोरोना बढ़वलस चिंता, देश में सक्रिय मरीजन के संख्या 1.28 लाख के पार, 42 लोग के मौत

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.