[the_ad_group id="30365"]

पटना में सात डॉक्टर समेत 165 कोरोना पॉजिटिव मिलले, राज्य भर में पावल गइले 422 नया संक्रमित

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राज्य में नया कोरोना संक्रमितन के संख्या बढ़ रहल बा। पिछला 24 घंटा के दौरान राज्य में 422 गो नया कोरोना संक्रमित मिलले, जबकि 254 मरीज ठीक हो चुकल बाड़े। एक बेर फेर पटना जिला में राज्य में सबसे जादे 165 गो नया संक्रमण मिलल। एही के संगे जिला में सक्रिय मरीजन के संख्या 970 हो गईल बा। एहमें सात गो डाक्टर आ पाँच गो स्वास्थ्यकर्मी शामिल बाड़े। आईजीआईएमएस आ एनएमसीएच के दू गो डाक्टर आ पीएमसीएच के तीन गो डाक्टरन में कोरोना के पुष्टि भइल बा। हालांकि, राहत के बात बा कि पटना जिला में बुध का दिने संक्रमण के दर 3.12 फीसदी से घट के 2.50 हो गइल बा। 24 घंटा में पीएमसीएच आ पटना एम्स अस्पताल मिलाके कुल तीन नया मरीज भर्ती कइल गईल बा लो।

प्रदेश में कोरोना के 1741 सक्रिय मरीज

राज्य में सक्रिय कोरोना मरीजन के संख्या बढ़ के 1741 हो गइल बा जवना में से 1705 लोग होम आइसोलेशन में बा। पिछला 24 घंटा में राज्य में एक लाख 16 हजार 443 सैंपल के जांच कईल गईल। पटना के बाद गया जिला में 46, मुजफ्फरपुर में 24, बांका में 23, भागलपुर आ वैशाली में 17-17, बेगूसराय आ जहानाबाद में 14-14, अरवल आ खगड़िया में 10-10 मिलल बा। एकरा अलावे सारण में सात, मुंगेर में छव, अररिया, भोजपुर आ पूर्णिया में पांच-पांच पूर्वी चंपारण, मधेपुरा, रोहतास, सहरसा, समस्तीपुर आ सुपौल में चार-चार। नालंदा, सीतामढ़ी आ जमुई में तीन-तीन, दरभंगा, किशनगंज, लखीसराय, मधुबनी, नवादा, शेखपुरा आ शिवहर में दू-दू गो आ औरंगाबाद, बक्सर आ सिवान में एक-एक गो कोरोना पॉजिटिव पावल गइल बा लो।

छात्र, शिक्षक आ शिक्षकेतर कर्मियन के बूस्टर डोज

स्वास्थ्य केन्द्र, एनएसएस आ आईक्यूएसी के संयुक्त रूप से राज्य स्वास्थ्य समाज, कॉलेज ऑफ कॉमर्स, आर्ट्स एंड साइंस, पटना में दू दिन के कोरोना टीकाकरण के पहिला दिन, बियफे का दिने करीब दू सौ लोग के कोरोना के फर्स्ट, सेकेंड आ बूस्टर डोज दिहल गइल बा। टीकाकरण शिविर के शुभारंभ प्राचार्य प्रो इंदरजीत प्रसाद राय कइलें। उ कहले कि टीकाकरण बचाव के एकमात्र तरीका बा, एहसे सभ लोग के टीकाकरण में उत्साह से भाग लेवे के चाही।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]