Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Covid 4th Wave Symptoms: चौथा लहर देहलस दस्तक

 बुखार फेर खांसी, पेट से जुड़ल ई लक्षण आ सकत बा नजर

163

कोरोना वायरस के कहर बा कि खतम होखले के नावे नाइ लेत बा। कौनो न त कौनो नया वेरिएंट के साथ हमला कs रहल बा। एशिया अउर यूरोप के कई देशों में कोरोना के चौथा लहर (Covid 4th wave) दस्तक दे देहले बा। सबसे ज्यादा बुरा हाल साउथ कोरिया के बा, जहवाँ हर दिन करीब 5 लाख नया मामला सामने आ रहल बा। अइसन में सतर्कता बरतल बहुत जरूरी बा। एह बेर सबसे ढ़ेर तबाही ओमीक्रोन के सबवेरिएंट बीए.2 (Omicron BA2.) मचा रहल बा।

विश्व स्वास्थ्य संगठन (World Health Organization – WHO) के मुताबिक, एह वेरिएंट के लक्षण काफी हल्का बा। लेकिन एके मामूली नाइ समझल जा सकs ता। जेतना तेजी से कोरोना के नया वेरिएंट सामने आ रहल बा, ओतने तेजी से एकरे लक्षण में बदलावो देखे के मीलsता। अइसन में आम लोग के BA.2 से जुड़ल सब लक्षण के मामला में जानल बहुत जरूरी बा।

पुरान लक्षण में सांस लेहले में तकलीफ, जुकाम, बुखार, शरीर के तापमान में उतार चढ़ाव आदि शामिल रहल। लेकिन एह बेर एक्सपर्ट्स के कहनाम बा कि एह बेर मरीजन में पेट से जुड़ल लक्षण ज्यादा देखल जा रहल बा। हालांकि कोरोना हर केहू के अलग-अलग तरह से प्रभावित करs ला। एगो मीडिया रिपोर्ट में कैलिफोर्निया सेंटर फॉर फंक्शनल मेडिसिन के फाउंडर अउर अध्यक्ष डॉ सुंज्या श्वेग बतवली कि कोरोना के लक्षणअउर उनके होखले के क्रम एगो व्यक्ति से दूसरे व्यक्ति में काफी अलग हो रहल बा। एगो स्टडी में कहल गइल बा कि कोरोना वायरस के सबसे पहिले आम लक्षण बुखार अउर थकान बा। हालांकि ओमीक्रोन वेरिएंट के मामले में बहुत से लोग पहले लक्षण में गले में खराश के अनुभव करत रहने।

234990cookie-checkCovid 4th Wave Symptoms: चौथा लहर देहलस दस्तक

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.