Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

कोरोना: फिर बढ़ल कोरोना संक्रमितन के संख्या

बीतल 24 घंटा में 67 लोग के मौत, सक्रिय मामला 20 हजार के पार

195

कोरोना के मामिला में उतार-चढ़ाव के दौर जारी बा। स्वास्थ्य मंत्रालय के जारी गुरुवार के आंकड़ा के अनुसार बीतल 24 घंटों में कोरोना के 1938 मामिला सामने आइल बा जौन कि कल के तुलना में लमसम 150 अधिक बा। एह दौरान 67 लोगों के मौतो भइल अउर 2,531 लोग स्वस्थो भइने।  सबसे बड़हन राहत के बात ई बा कि देश में अब केवल 22 हजार 427  सक्रिय मामिला ही बचल बा। सक्रिय मामिला में भारी कमी के मतलब बा कि कोरोना संक्रमित मरीज तेजी से स्वस्थ हो रहल बाने। उहें महामारी के शुरुआत से अब ले स्वस्थ होखे वाला कुल मरीजन के संख्या 4.24 करोड़ (4,24,75,588) हो गइल बा। रोजाना संक्रमण दर के बात कइल जा त ई केवल 0.29 फीसदी रह गइल बा जोन कि राहत भरल खबर बा।

  • कुल मामिला: 4,30,14,687
  • सक्रिय मामिला: 22,427
  • कुल रिकवरी: 4,24,75,588
  • कुल मौतें: 5,16,672
  • कुल वैक्सीनेशन: 1,82,23,30,356

 

दिल्लियो में कोरोना के मामिला में इजाफा 
दिल्ली में कोरोना के मामिला में इजाफा देखे के मिलल बा। बीतल 24 घंटा में कोरोना के 132 नया केस सामने आइल बा, हालांकि राहत के बात ई रहल कि एह दौरान केहू के भी कोरोना से मौत नाइ भइल बा।

मुंबई में बीतल 24 घंटा में 49 लोगों के मौत
महाराष्ट्र में बीतल 24 घंटा में कोरोना के 149 नया मामिला सामने आइल बा अउर दू लोग की मौत हो गइल। एह दौरान 222 लोग स्वस्थ भी हो गइने। उहवें मुंबई में बीतल 24 घंटा में 49 लोग की मौत हो गइल।

कोरोना के ले के सरकार जारी कइलस दिशानिर्देश
सरकार ने टेस्ट-ट्रैक-ट्रीट-टीकाकरण अउर कोविड उचित व्यवहार के पालन के पांच गुनी रणनीति पर निरंतर ध्यान केंद्रित कइले रहले पर जोर देहलस। कोरोना के हल्का मामिला खातिर होम आइसोलेशन प्रोटोकॉल अउर हाई रिस्क वाला मामिला के विशेष निगरानी जारी रखले के भी निर्देश देहले। दिशानिर्देश के अनुसार ई अनिवार्य बा कि सब सार्वजनिक स्थान पर मास्क के उपयोग अउर शारीरिक दूरी सहित कोविड उपयुक्त व्यवहार के पालन कइल जाए।

 

साभार – अमर उजाला

230740cookie-checkकोरोना: फिर बढ़ल कोरोना संक्रमितन के संख्या

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.