[the_ad_group id="30365"]

लोकसभा चुनाव में कांग्रेस 291 सीट पs अकेले लड़ी: 9 राज्यन में 85 सीट I.N.D.I.A से मांगी; 14 जनवरी से पहिले सीटन के बंटवारा संभव

सीट शेयरिंग के लेके मल्लिकार्जुन खड़गे जनवरी के पहिला हफ्ता में I.N.D.I.A के बाकी नेता लोगन के संगे बातचीत खातिर आपन प्रतिनिधि तय करिहें।
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लोकसभा चुनाव खातिर I.N.D.I.A ब्लॉक में सीट बंटवारा से पहिले कांग्रेस के नेशनल अलायंस कमेटी सुक-सनीचर (29-30 दिसंबर) के मैराथन मंथन कइलस। एमे पार्टी 10 राज्यन में अपना प्रदेश अध्यक्षन आ विधायक दल के नेता लोगन से कहलस कि पार्टी 291 सीटन पs खुद के दम पs चुनाव लड़ी। कांग्रेस गठबंधन वाला नौ राज्यन के 85 सीट I.N.D.I.A ब्लॉक से मांगी।

कमेटी के बैठक में बिहार, बंगाल, झारखंड, दिल्ली, पंजाब, महाराष्ट्र, तमिलनाडु, केरल के नेता लोगन से कहल गइल बा कि I.N.D.I.A ब्लॉक में सीट शेयरिंग पs अंतिम फैसला लोकसभा के तस्वीर के धेयान में रखके कइल जाई।

IIT-BHU के छात्रा से गैंगरेप के सब आरोपी अरेस्ट: गन पॉइंट परs कपड़ा उतरवाके बनवले रहले सs वीडियो; 60 दिन बाद बाइक के संगे पकड़इले सs 

ओहिजा, कांग्रेस गठबंधन दलन के संगे तालमेल खातिर कुछ मानक तय कइले बा। एकरा मोताबिक, जवना संसदीय सीटन पs पिछला चुनाव में कांग्रेस प्रत्याशी दूसरका स्थान पs रहे, ओह पs समझौता ना होई। दुगो संसदीय आ 2014 के बाद भइल विधानसभा चुनावन के परिणाम के आधार पs पार्टी सीटें मांगी।

एह सीटन पs अकेले लड़ी कांग्रेस

पूर्वोत्तर के राज्यन आ केंद्र शासित प्रदेशन के 20 सीट। आंध्र प्रदेश, असम, गुजरात, हरियाणा, हिमाचल, कर्नाटक, केरल, मध्य प्रदेश, ओडिशा, राजस्थान के सब आ तेलंगाना-उत्तराखंड के 22 सीट।

Bihar Politics: ‘राजनीति में केहू दुश्मन ना होला’, एनडीए में सामिल होखे के लेके जदयू के दिग्गज नेता देले बड़ बयान

एह राज्यन में गठबंधन

राज्य सीटन पs दावा
बिहार 9
दिल्ली 5
पंजाब 8
तमिलनाडु 10
यूपी 10
पश्चिम बंगाल 5
जम्मू-कश्मीर 3
महाराष्ट्र 26
कुल 85

पिछला दु लोकसभा चुनाव के तुलना में कांग्रेस कम सीटन पs उम्मीदवार उतारी 

एतना तय बा कि 2024 के लोकसभा चुनाव में कांग्रेस 375 से जादे सीटन पs ना उतरी। ऊ 2014 के चुनाव में 464 आ 2019 में 421 उम्मीदवार मैदान में उतरले रहे। 2014 में 224 तs 2019 चुनाव में 209 सीटन पs कांग्रेस के प्रत्याशी दूसरका स्थान पs रहल रहे लो।

जीतल आ दूसरा नंबर के सीटन के आधार पs कांग्रेस गठबंधन के प्रभाव वाला राज्यन में 85 से जादे सीटन पs दावा करी। बाकी राज्यन की 291 सीटन पs अकेले उतरी।

नया साल के पूर्व संध्या पs राजीव चौक मेट्रो स्टेशन पs एतना बजे से बंद रही एंट्री, जानीं अन्य के हाल

14 जनवरी से पहिले सीटन के बंटवारा

कांग्रेस अध्यक्ष मल्लिकार्जुन खड़गे जनवरी के पहिला हफ्ता में  I.N.D.I.A के बाकी नेता लोगन के संगे बातचीत खातिर आपन प्रतिनिधि तय करिहें। नेशनल कमेटी आपन रिपोर्ट कांग्रेस अध्यक्ष मल्लिकार्जुन खड़गे के दी।

खड़गे 4 जनवरी के प्रदेश कांग्रेस अध्यक्षन आ विधायक दल के नेता लोगन के बैठक बोलवले बाड़ें। पार्टी के चुनाव घोषणा पत्र समिति के बैठको ओहि दिन होई। सीटन के बंटवारा राहुल गांधी के 14 जनवरी से सुरू होखे वाला भारत न्याय यात्रा से पहिले कइल जाई।

साभार: दैनिक भास्कर

गोरखपुर महोत्सव में पहिला बेर होई रोइंग प्रतियोगिता: 5 जनवरी से होई 14 खेलन के सुरुआत, प्रदेशभर के खिलाड़ी करी लो प्रतिभाग

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]