[the_ad_group id="30365"]

शराब घोटाला में ED अरविंद केजरीवाल के भेजलस तीसरका बेर समन.. 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

दिल्ली शराब घोटाला के कथित मामिला में सीएम अरविंद केजरीवाल के आज ईडी के सोझा पेश होखे के रहे, लेकिन उ नोटिस के गैरकानूनी बतावत हाजिर होखे से इनकार कs देले। बता दीं कि ईडी के केजरीवाल के ईs तीसरका समन हs। आम आदमी पार्टी के कहनाम बा कि ईडी खाली केजरीवाल के गिरफ्तार कईल चाहता। पार्टी पूछलस कि चुनाव से ठीक पहिले नोटिस काहे दिहल जाता। उ कहले कि भाजपा केजरीवाल के चुनाव प्रचार से रोकल चाहतिया।

ईडी दू बेर पूछताछ के आह्वान 

एकरा से पहिले भी ईडी दु बेर केजरीवाल से पूछताछ खातीर बुलइले बा, लेकिन दिल्ली के मुख्यमंत्री पहिले चुनाव प्रचार अवुरी ओकरा बाद विपश्यना के हवाला देत हाजिर ना भईले। दुनो बेर केजरीवाल ईडी के समन के भी गैरकानूनी बतवले रहले। अबकी बेर केजरीवाल भा उनुका पार्टी के हाजिर के लेके हालात अबे ले साफ नईखे भईल। पहिला बेर केजरीवाल के 2 नवंबर के पूछताछ खातीर बोलावल गईल, लेकिन ओ समय उ चुनाव प्रचार खातीर मध्य प्रदेश गईल रहले। एकरा बाद उ विपश्यना के हवाला देत 21 दिसंबर के हाजिर ना भईले।

दिल्ली शराब घोटाला में दायर आरोप पत्र में आम आदमी पार्टी के शीर्ष नेतृत्व के नाम बा। मनीष सिसोदिया ए मामिला में करीब 11 महीना से जेल में बाड़े। संजय सिंह के 3 महीना तक ए मामिला में जमानत ना मिलल। अरविंद केजरीवाल के इहो लागत बा कि शायद उनुका ढेर दिन ले जेल में रहे के पड़े, एहसे पार्टी हर तरह के कथ्य तइयार करत बिया। लेकिन अबकी बेर केजरीवाल पs दबाव बढ़ गईल बा। एक जनवरी के पंजाब कांग्रेस के अध्यक्ष रहल नवजोत सिंह सिद्धू सोशल मीडिया पs अरविंद केजरीवाल के पुरान पोस्ट पोस्ट कs के अरविंद केजरीवाल के अपनी राय के पालन करे के सलाह देले बाड़े।

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]