गोरखपुर महोत्सव में पहिला बेर होई रोइंग प्रतियोगिता: 5 जनवरी से होई 14 खेलन के सुरुआत, प्रदेशभर के खिलाड़ी करी लो प्रतिभाग

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 30, 2023

गोरखपुर महोत्सव के तहत पांच से 12 जनवरी तक खेल प्रतियोगितन के आयोजन कइल जाई। प्रतियोगिता के सुभारंभ रीजनल स्टेडियम में कइल जाई। अबकी बार खेल महोत्सव में कुल 14 खेलन के सामिल कइल गइल

Share

गोरखपुर महोत्सव के तहत पांच से 12 जनवरी तक खेल प्रतियोगितन के आयोजन कइल जाई। प्रतियोगिता के सुभारंभ रीजनल स्टेडियम में कइल जाई। अबकी बार खेल महोत्सव में कुल 14 खेलन के सामिल कइल गइल बा। प्रतियोगिता में पहिला बेर रोइंगो के सामिल कइल गइल बा।।

प्रतियोगिता में गोरखपुर समेत प्रदेश भर के खिलाड़ी प्रतिभाग करी लो। विजेता लोगन के महोत्सव के मुख्य समारोह में CM योगी आदित्यनाथ सम्मानित करिहें।प्रतियोगिता के सफल आयोजन के लेके मंडलायुक्त अनिल ढींगरा के अध्यक्षता में मीटिंग कs के निर्णय लिहल जा चुकल बा।

Lakhbir Singh Landa: भारत लखबीर सिंह लांडा को घोषित कइलस आतंकी, बब्बर खालसा के हs सदस्य; जानीं का बा आरोप

प्रतियोगिता के मुख्य आकर्षण जूनियर वर्ग में जिला स्तरीय रोइंग बालक वर्ग प्रतियोगिता होई। महोत्सव में पहिला बेर प्रतियोगिता के सामिल कइल गइल बा। ई प्रतियोगिता वाटर स्पोर्ट्स काम्पलेक्स, रामगढ़ताल में 8 जनवरी के होई। प्रतिभागी रोअर सिंगल स्कल, डबल स्कल, काकलेस पेयर में आपन प्रतिभा के प्रदर्शन करी लो।

Instagram में आ रहल बा कमाल के फीचर, स्टोरी में शेयर कs पाएंब बहुत कुछ

7 जनवरी के होई प्रदेश स्तरीय हाफ मैराथन

क्षेत्रीय क्रीड़ाधिकारी आले हैदर बतवलें कि प्रतियोगिता के तहत महिला आ पुरुष वर्ग में ओपेन राज्य स्तरीय हाफ मैराथन के आयोजन होई। प्रदेश स्तरीय हाफ मैराथन सात जनवरी के होई। हाफ मैराथन में महिला आ पुरुष वर्ग के विजेता खिलाड़ी के 25-25 हजार, दूसरका स्थान पs 20-20 हजार, तीसरका स्थान पs 15-15 हजार रुपिया के पुरस्कार राशि दिहल जाई। चउथा से सातवां स्थान पावे वाला सब खिलाड़ियन के 5-5 हजार रुपिया के पुरस्कार दिहल जाई। इच्छुक टीम आ खिलाड़ी चार जनवरी तक क्षेत्रीय क्रीड़ांगन में संबंधित खेल प्रशिक्षक के लगे आपन पंजीकरण करा सकत बा लो।

उत्पाद विभाग 49 लोगन के कइलस गिरफ्तार: अलग-अलग क्षेत्रन में कइल गइल छापेमारी, शराब तस्कर आ शराबियन पs कइल गइल कार्रवाई

कब कवना प्रतियोगिता के होई आयोजन

महोत्सव के तहत सब प्रतियोगिता जूनियर वर्ग में जिला स्तरीय होई। 5-6 जनवरी को बालक व बालिका वर्ग में बैडमिंटन, कुश्ती, जिम्नास्टिक, वालीबाल प्रतियोगिताएं होंगी। 5 को बालक वर्ग में फुटबाल, हैंडबाल व बाक्सिंग प्रतियोगिताएं होंगी। 7 जनवरी को बालक वर्ग की कबड्डी, बालक व बालिका वर्ग में टेबल टेनिस होगी। बालक वर्ग में हाकी प्रतियोगिता और बास्केटबाल प्रतियोगिता 11-12 जनवरी को होगी। विकलांग ट्राई रेस प्रतियोगिता बालक वर्ग में 10 जनवरी को होगी।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.