[the_ad_group id="30365"]

Bihar Politics: ‘राजनीति में केहू दुश्मन ना होला’, एनडीए में सामिल होखे के लेके जदयू के दिग्गज नेता देले बड़ बयान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

JDU Meeting: देश के राजनीति में हफ्ता भर से लगावल जा रहल कयासन आ चरचा पs सुक के ओह समय विराम लाग गइल, जब दिल्ली में जदयू कार्यकारिणी के बैठक में ललन सिंह राष्ट्रीय अध्यक्ष पद से इस्तीफा देलें आ सर्वसम्मति से नीतीश कुमार के नया अध्यक्ष चुन लिहल गइल बा।

जदयू कार्यकारिणी में ललन सिंह नीतीश के नाम के प्रस्ताव रखलें। जवना पs कार्यपरिषद बिना कवनो प्रतिरोध के मुहर लगा देलें। नीतीश कुमार दूसरका बेर पार्टी के कमान संभरले। एह बीच पार्टी के मुख्य प्रवक्ता केसी त्यागी (kc tyagi) के बयान सामने आइल बा।

का एनडीए में जेडीयू होई सामिल? केसी त्यागी देलें जवाब

केसी त्यागी (kc tyagi) कहलें कि भाजपा के संगे जदयू के जाने के कयासन के खारिज करत कहलें कि भाजपा से हमार लेहल-देहल नइखे। बाकिर भाजपा से पुरान मित्रता के सवाल पs केसी त्यागी कहलें कि राजनीति में कवनो दुश्मन नइखे होत। असहमति होला। विचारन के भिन्नता होत बा।

जदयू अपना शर्तन पs राजनीति करत बा। राजग में रहत हमनी के समान नागरिक संहिता के समर्थन ना कइलें। एही तरे राम मंदिर पs जब तक कोर्ट से फैसला नइखे आइल तब तक हमनी के लाइन भाजपा से अलग रहल।

जाति आधारित गणना पs नीतीश कुमार कांग्रेस के घेरलें

ओहिजा एकरा पहिले जाति आधारित गणना के मुद्दा पs बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार विपक्षी गठबंधन के निशाना पs रखलें। कार्यकारिणी आ कार्यपरिषद के बैठक में जोर देके कहलें कि ‘कांग्रेस का कs रहल बिया? घूम-घूम कs के जाति गणना के बात कs रहल बिया बाकिर कबो बिहार में भइल काम के प्रशंसा ना का कइलस।

नीतीश कुमार कहलें कि मुंबई के बैठक में तय भइल रहे कि एकरा के एजेंडा में सामिल कइल जाई बाकिर कुछ लोग विरोध कइलस आ टल गइल।

ध्यान रहे कि मुंबई के बैठक में ममता बनर्जी विरोध कइले रहली आ फेर कांग्रेस एकरा के प्रस्ताव में सामिल करे से टाल देलस। नीतीश के ओर से एह बयान के अर्थ निकालल जा रहल बा कि ऊ गठबंधन नेता के कामकाज आ सोच से बहुत सहमत नइखे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]