Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Bihar Politics: ‘राजनीति में केहू दुश्मन ना होला’, एनडीए में सामिल होखे के लेके जदयू के दिग्गज नेता देले बड़ बयान

Bihar News: दिल्ली में भइल जदयू के राष्ट्रीय कार्यकारिणी के बैठक के बाद अब नेता लोगन के बयानो सामने आवे लागल बा। एही क्रम में पार्टी के मुख्य प्रवक्ता केसी त्यागी के बयान सामने आइल बा। ऊ जेडीयू के एनडीए में सामिल होखे के लेके बड़ बयान देले बा। ओहिजा मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कांग्रेस के अड़े हाथो लेले बाड़ें।

1,070

JDU Meeting: देश के राजनीति में हफ्ता भर से लगावल जा रहल कयासन आ चरचा पs सुक के ओह समय विराम लाग गइल, जब दिल्ली में जदयू कार्यकारिणी के बैठक में ललन सिंह राष्ट्रीय अध्यक्ष पद से इस्तीफा देलें आ सर्वसम्मति से नीतीश कुमार के नया अध्यक्ष चुन लिहल गइल बा।

जदयू कार्यकारिणी में ललन सिंह नीतीश के नाम के प्रस्ताव रखलें। जवना पs कार्यपरिषद बिना कवनो प्रतिरोध के मुहर लगा देलें। नीतीश कुमार दूसरका बेर पार्टी के कमान संभरले। एह बीच पार्टी के मुख्य प्रवक्ता केसी त्यागी (kc tyagi) के बयान सामने आइल बा।

का एनडीए में जेडीयू होई सामिल? केसी त्यागी देलें जवाब

केसी त्यागी (kc tyagi) कहलें कि भाजपा के संगे जदयू के जाने के कयासन के खारिज करत कहलें कि भाजपा से हमार लेहल-देहल नइखे। बाकिर भाजपा से पुरान मित्रता के सवाल पs केसी त्यागी कहलें कि राजनीति में कवनो दुश्मन नइखे होत। असहमति होला। विचारन के भिन्नता होत बा।

जदयू अपना शर्तन पs राजनीति करत बा। राजग में रहत हमनी के समान नागरिक संहिता के समर्थन ना कइलें। एही तरे राम मंदिर पs जब तक कोर्ट से फैसला नइखे आइल तब तक हमनी के लाइन भाजपा से अलग रहल।

जाति आधारित गणना पs नीतीश कुमार कांग्रेस के घेरलें

ओहिजा एकरा पहिले जाति आधारित गणना के मुद्दा पs बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार विपक्षी गठबंधन के निशाना पs रखलें। कार्यकारिणी आ कार्यपरिषद के बैठक में जोर देके कहलें कि ‘कांग्रेस का कs रहल बिया? घूम-घूम कs के जाति गणना के बात कs रहल बिया बाकिर कबो बिहार में भइल काम के प्रशंसा ना का कइलस।

नीतीश कुमार कहलें कि मुंबई के बैठक में तय भइल रहे कि एकरा के एजेंडा में सामिल कइल जाई बाकिर कुछ लोग विरोध कइलस आ टल गइल।

ध्यान रहे कि मुंबई के बैठक में ममता बनर्जी विरोध कइले रहली आ फेर कांग्रेस एकरा के प्रस्ताव में सामिल करे से टाल देलस। नीतीश के ओर से एह बयान के अर्थ निकालल जा रहल बा कि ऊ गठबंधन नेता के कामकाज आ सोच से बहुत सहमत नइखे।

700220cookie-checkBihar Politics: ‘राजनीति में केहू दुश्मन ना होला’, एनडीए में सामिल होखे के लेके जदयू के दिग्गज नेता देले बड़ बयान

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.