Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

11 नवंबर के वाराणसी अइहें सीएम योगी, बीएचयू में आदर्श ग्राम सम्मेलन के करिहें उद्घाटन

190
काशी हिंदू विश्वविद्यालय (बीएचयू) के प्रबंध अध्ययन संस्थान में तीन दिवसीय आदर्श ग्राम सम्मेलन के आयोजन 11 से 13 नवंबर तक कइल गइल बा। तीन दिवसीय सम्मेलन के उद्घाटन उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ करिहें। तीन दिवसीय सम्मेलन में गांव के आदर्श बनावे के उद्देश्य से कइल जाए वाले कार्यन पर देश के विभिन्न भाग से आवे वाले विद्वान मंथन करिहें।
व्हील ग्लोबल फाउंडेशन यूएसए अउर भारतीय उद्योग परिसंघ के साथ ही बीएचयू के प्रबंध अध्ययन संस्थान भी एह आयोजन में अग्रणी भूमिका निभा रहल बा। एके लेे के विश्वविद्यालय में तैयारी भी शुरू हो गइल बा। सम्मेलन के उद्देश्य छह प्रमुख विषय कृषि अउर खेती, जल अउर स्वच्छता, स्वास्थ्य देखभाल अउर पोषण, शिक्षा अउर कौशल, ऊर्जा अउर पर्यावरण, आजीविका अउर ग्रामीण परिवर्तन के एजेंडे पर चर्चा कइल जाई।

गांवन के विकास के ले के हो सकsता कई घोषणा

संकाय प्रमुख प्रो. एचपी माथुर बतवलें कि गांवन के विकास पर होखे वाला ई आयोजन सबके खातिर उपयोगी होई। कार्यक्रम के उद्घाटन समारोह में मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ भी शामिल होइहें। अइसे में मानल जा रहल बा कि गांव के विकास के ले के चर्चा के साथ ही कुछ घोषणा भी कइल जा सकsता।

375050cookie-check11 नवंबर के वाराणसी अइहें सीएम योगी, बीएचयू में आदर्श ग्राम सम्मेलन के करिहें उद्घाटन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.