[the_ad_group id="30365"]

तीन घंटा तक बिजली आपूर्ति रही बाधित: सबेरे 11 से 2 बजे तक सप्लाई रही ठप, शहर के पश्चिमी हिस्सा रही प्रभावित

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा शहरी क्षेत्र के पश्चमी हिस्सा में बिजली आपूर्ति बाधित रही। डबल डेकर पुल निर्माण के लेके स्थायी रूप से वायर शिफ्टिंग आ गार्टर लांचिंग के लेके बिजली विभाग के ओर  से निर्णय लिहल गइल बा। पावर काट सबेरे 11 बजे से दोपहर 2:00 बजे तक रही। तीन घन्टा पावर काट में मुख्य रूप से दुगो फीडर प्रभावित रही। एसडीएस फीडर आ ब्रह्मपुर फीडर में पावर कट रही। जनाकारी एसडीओ (बिजली) देलें। दोबारा 2 के बाद बिजली बहाल कs दिहल जाई।

पुल निर्माण खातिर कटी बिजली

छपरा शहरी क्षेत्र में बिहार राज्य पुल निर्माण निगम के ओर से भारत के सबसे बड़ डबल डेकर पुल निर्माण कइल जा रहल बा। डबल डेकर पुल निर्माण के लेके राजेन्द्र सरोवर से निकले वाला 11 केवीए एसडीएस फीडर आ 11 kva ब्रह्मपुर फीडर के वायर के स्थायी रूप से शिफ्ट कइल जा रहल बा। संगही डबल डेकर के स्पेन आ गार्टर लांचिंग के काम कइल जा रहल बा। जवन के देखत सुरक्षा के मद्देनजर पावर कट कइल गइल बा।

पावर कट के कारण मुख्य रूप से जेल गुमटी, मासुमगंज, अजयबगंज, दौलत गंज, गुदरी आ रामकृष्णपुरी कि बिजली आपूर्ति ठप रही। बिजली विभाग के ओर से पावर कट से पहिले बिजली संबंधित काम निपटा लेवे के सलाह दिहल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]