[the_ad_group id="30365"]

3 घंटे तक बिजली आपूर्ति रही ठप: सबेरे 11 से 2 बजे तक सप्लाई रही बाधित, पशु मेला खातिर तारन के कइल जाई दुरुस्त

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सोनपुर में एशिया के सबसे बड़ पशु मेला के तइयारी अंतिम चरण पs बा। राज्य आ राज्य के बाहर के बेयपारियन के आइल सुरू हो गइल बा। एही क्रम में बिजली विभाग सुरक्षा दृष्टिकोण से तार के मरम्मत कार्य कs रहल बा। एकरा खातिर 3 घंटा के पावर कट कइल जाई। एकरा के लेके सबेरे 11 बजे से दुपहरिया 2 बजे तक अलग-अलग क्षेत्रन में बिजली आपूर्ति बाधित रही। कार्तिक पूर्णिमा में लागे वाला एशिया के सबसे बड़े मेला में बिजली सुचारू रूप से संचालित करे के उद्देश्य से ई पावर कट कइल गइल बा। 2 बजे के बाद फेर से सब क्षेत्रन में बिजली बहाल कs दिहल जाई।

एह इलाकन में बिजली गुल होई 

विधुत विभाग के एसडीओ शंभू कुमार कहलें कि विद्युत तारन के दुरुस्त करे खातिर विद्युत आपूर्ति बियफे के बाधित कइल जा रहल बा। जेमे सोनपुर मेला फीडर के अंतर्गत आनन्दपुर, माहेश्वरी चौक, एसबीआई नियर, मेला ग्राउंड, चीड़िया बाजार, नखास, मिना बाजार, हरिहरनाथ मंदिर एरिया जबकि नयागांव फीडर के अधीन गोविंदचक, परमानन्दपुर, सीताबगंज, चित्रसेनपुर, फकराबाद, बाकारपुर में सबेरे 11 बजे से 2 बजे तक विद्युत आपूर्ति बाधित रही।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]