Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

3 घंटा बिजली आपूर्ति रही बाधित: पावर ट्रिप के समस्या के लेके विभाग लेलस निर्णय, लोगन से जरूरी काम निपटावे के अपील

1,996

छपरा के मशरख चैनपुर फीडर में तीन घंटा के पावर कट कइल  जाई। ई पावर कट सबेरे 10 बजे से लेकर 1 बजे तक कइल जाई। चैनपुर पावर सबस्टेशन 132 केवीए में मेंटेनेंस के चलते पावर कट के निर्णय लिहल गइल बा। बढ़त ठंड के बीच पावर ट्रिप के समस्या समाधान खातिर पावर कट कइल जाई।

एकरा खातिर विद्युत विभाग कावर से निर्णय लेके 132 केवी पावर प्लांट में पावर कट कs के तमाम तरह के मेंटेनेंस कइल जाये के बा। एह दौरान छपरा के मशरख आ इसुआपुर क्षेत्र के कुछ हिस्सन में बिजली गुल रही। पावर कट के बारे में जानकारी देत विद्युत कनीय अभियंता बतवले कि आवे वाला ठण्ड के मौसम के चलते विद्युत सप्लाई पs भारी दबाव पड़ रहल बा।

सबेरे 10 से 1 बजे तक आपूर्ति रही बाधित

उपभोक्ता लोगन द्वारा अलग-अलग इलेक्ट्रिक उपकरण के उपयोग कइल गइला से बिजली के उपभोग जादे हो रहल बा। जवना के धेयान में रखत। बरसात के पहिले सब तरे के मरम्मत कइल गइल अनिवार्य बा। जवना के आलोक में सोमार के सबेरे 10:00 बजे से दुपहर 1:00 बजे तक पावर सप्लाई बंद कs के सब तारन के मरम्मत कइल जाई।

जवना से भविष्य में कवनो बिजली संबंधित परेसानी ना खड़ा होखे। दोबारा 1:00 बजे के बाद बिजली सुचारू रूप से चालू कs दिहल जाई। एह बीच सब उपभोक्तन के बिजली संबंधित काम संपादित कs लेवे निरदेस दिहल गइल बा।

687390cookie-check3 घंटा बिजली आपूर्ति रही बाधित: पावर ट्रिप के समस्या के लेके विभाग लेलस निर्णय, लोगन से जरूरी काम निपटावे के अपील

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.