[the_ad_group id="30365"]

पटना में काल्ह से बदलल स्कूलन के टाइम 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पटना में काल्ह से बदलल स्कूलन के टाइम 

प्रचंड गरमी के लेके स्कूलन में हाई अलर्ट जारी कs दिहल गइल बा। अब कवनो पढ़ाई के क्लास 11.45 के बाद ना चली। प्रशासन आदेश जारी करत मनमानी करे आलन पs कार्रवाई के चेतावनी देले बा। पटना में गरमी के प्रभाव रोजे बढ़ रहल बा। एकरे के देखत स्कूलन के विशेष निरदेस देहल गइल बा। आदेस साेमार 18 अप्रिल से प्रभावी होई।

बच्चन के खतरा के लेके अलर्ट

पटना के डीएम डॉक्टर चंद्रशेखर सिंह जिला  के सब स्कूलन में सुबह 11.45 बजे के बाद शैक्षणिक गतिविधियन पs प्रतिबंध लगवले बाड़े। डीएम के कहनाम बा कि ई आदेस बेसी तापमान आ खास कs के दुपहरिया के बेरा बेसी गरमी के वजे से बच्चन के स्वास्थ आ जिनगी पs उल्टा प्रभाव पड़े के संभावना के लेके जारी कइल गइल बा।

ना चली स्कूलन के मनमानी 

डीएम आदेस में कहले बाड़े कि मौसम बहुते प्रतिकूल बा, अइसन में मवसम में बच्चन के बेसी खतरा बा।  आदेश में कड़ा निरदेस बा कि जे केहु मनमानी करी ओकरा खिलाफ कड़ा कार्रवाई कइल जाई। ई  प्रतिबंध प्री-स्कूल आ आंगनबाड़ी केन्द्रन सहित जिला के स्कूलन पs लागू होई। ई आदेस 18 अप्रिल से लागू होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]