महादेव पी रहल बानें दूध, उमडल भगतन के भीड़

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 7, 2022

कहल जाला की आस्था के आगे केहू के बस नाइ चलs ला| अइसने में अगर कहीं कौनो चमत्कार हो जाला त ओमे दुगना बढ़ौती हो जाला| इहे हाल बा करही गाव के| गोरखपुर जिला के चौरी-चौरा

Share

कहल जाला की आस्था के आगे केहू के बस नाइ चलs ला| अइसने में अगर कहीं कौनो चमत्कार हो जाला त ओमे दुगना बढ़ौती हो जाला| इहे हाल बा करही गाव के| गोरखपुर जिला के चौरी-चौरा तहसील के करही गांव में शिव मंदिर पs भगवान दूध पी रहल बानें। एकर दावा गाव वाले कइले बानें। करही गांव के राजकुमार विश्वकर्मा एगो वीडियो भेज के बतवले बानें कि उनके गांव में भगवान भोलेनाथ के प्रतिमा के आगे मुंह के लग्गे दूध से भरल चम्मच ले गइले पs दूध धीरे धीरे गायब हो रहल बा। अइसन बुझाता कि भगवान खुदहीं दूध पी रहल बानें।

राजकुमार आगे बतवले कि ऊ साँझ चार बजे से सात बजे ले शिव मंदिर पs रहनें। एह दौरान कई लोग उनके दूध पियवने। ऊ दावा कइनें कि चार घण्टा पs भगवान भोलेनाथ पांच लीटर से बेसी दूध पी लेहनें। एकरे अलावा, सहजनवा क्षेत्र में गणेश के मूर्ति के दूध पियले के खबर मिलल बा। हालांकि एह आधुनिकता के जुग में मूरत के दूध पियले के बात पs यकीन नाइ हो रहल बा। फिलहाल ई जांच कके विषय बा कि भगवान शंकर के मूह के लग्गे से दूध कहवाँ गाएब हो रहल बा।

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.