[the_ad_group id="30365"]

कथा रसपान से होला कल्याण

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पिपरौली गीडा(दीपक त्रिपाठी): क्षेत्र के ग्राम पंचायत वसुधा में प्राचीन राम जानकी मंदिर मठ में चल रहल यज्ञ में आज श्री श्री 108 श्री कृष्ण दासी जी आज कथा व्यास करत कहनी कि ईश्वर के कथा के रसपान कइला से आदमी के कल्याण होला। एह सृष्टि के, एह ब्रह्मांड के आदि आ अंत ईश्वरे बानी।

खाली राम के नामे से हो जाला कल्याण। ईश्वर के कथा के रसपान कइला से आदमी के सब दुखन के नाश हो जाला, ओकरा अनघा सुख मिलेला। एहिसे सभे के ईश्वर के कथा के आनंद लेवे के चाहीं। एसे जिनगी के उद्धार हो जाला।

रोज दिन में रासलीला आ रात में रामलीला के मंचन कइल जाला आ दिन में 2:00 बजे से कथा के आयोजन होला। 15 मार्च पूर्णाहुति बा, जवना में भंडारा के आयोजन कइल जाई।

ओमप्रकाश सिंह, राम सिंह, परमात्मा सिंह, रुद्रनाथ चौबे आ यजमान संजय जी आ आउर लोग सहजोगी बनल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]